Sunday, May 19, 2024
Homeसमाचार विश्लेषण24 घंटा में 2 लाख नया केस, एक्टिव केस 15 लाख, का...

24 घंटा में 2 लाख नया केस, एक्टिव केस 15 लाख, का लकडाउन ही आखरी उपाय

देश में कोरोना (corona) महामारी विकराल रूप ले चुकल बा। बीते 24 घंटा में 1 लाख 99 हजार 376 नया मरीज मिलल बाने। 93,418 ठीक भायल और 1,037 के मौत हो गईल बा। नया केस के आंकड़ा पिछले साल 16 सितंबर के आयल पहले पीक के दोगुना से ज्यादा हो गयल बा। तब एक दिन में सबसे ज्यादा 97,860 केस आयल रहे। एकरे साथ ही एक्टिव केस, यानी इलाज करा रहल मरीजों के संख्या 14 लाख 65 हजार 877 हो गईल बा। ई 15 लाख के पार हो सकेला, काहें की बीते दो दिन से एक लाख से ज्यादा के बढ़ोतरी हो गयल बा।

देश में कोरोना (corona) महामारी के आंकड़

बीते 24 घंटे में कुल नए केस आयल: 1.99 लाख
बीते 24 घंटे में कुल मौत: 1,037
बीते 24 घंटे में कुल ठीक भयल: 93,418
अब तक कुल संक्रमित हो चुकल: 1.40 करोड़
अब तक ठीक भयल: 1.24 करोड़
अब तक कुल मौत: 1.73 लाख
अभी इलाज करा रहे मरीजों के कुल संख्या: 14.65 लाख

एके भी पड़ीं: रूसी कोरोना वैक्‍सीन के भारत में मंजूरी, जानि का बा एमन खास

UP में रिकॉर्ड 20 हजार से ज्यादा मरीज

उत्तर प्रदेश में हालात लगातार बिगड़त जा रहल बा। प्रदेश में बुधवार के कोरोना के नए मरीजों के कुल रिकॉर्ड टूट गयल बा। यहां पहली बार 24 घंटे में 20 हजार से ज्यादा नया केस मिलल बा। यह संख्या 20,512 है। यूपी में 7 अप्रैल के 6,002 केस मिलल थे। 8 मार्च के ई संख्या महज 101 रहे। एकरे बाद एमन अचानक तेजी से बढ़ोतरी भयल। अभी महाराष्ट्र इकलौता राज्य रहे, जहां 20 हजार से ज्यादा मरीज रोज मिलत रहले।

राज्य में बुधवार के 4,517 मरीज रिकवर भइलें। इ दौरान 67 मौतें भी हो गयल। प्रदेश में कुल केस साढ़े सात लाख करीब पहुंच गयल बा। 9,376 लोग इ महामारी से जान गंवा चुकल बाने। राज्य में 1.11 लाख एक्टिव केस हैं बा। यहां 83 लाख से ज्यादा लोग वैक्सीन लगवा चुकल बाने। दिल्ली में भी एक दिन में अब तक के सबसे ज्यादा 17,282 केस सामने आयल बा। यहां 104 मरीजों ने दम तोड देले बाने।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments