Thursday, May 9, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणरूसी कोरोना वैक्‍सीन के भारत में मंजूरी, जानि का बा एमन खास

रूसी कोरोना वैक्‍सीन के भारत में मंजूरी, जानि का बा एमन खास

भारत में कोरोना वायरस के एक अउर टीका के मंजूरी मिल गईल बा। रूस में डिवेलप कयल गईल COVID-19 वैक्‍सीन Sputnik के सरकारी पैनल अप्रूव कर देले बा। देश में इस वैक्‍सीन क फेज 3 ट्रायल चल रहल बा। वईसे दुनिया में रेगुलेटरी अप्रूवल हासिल करे वाली ई पहली वैक्‍सीन रहे मगर पर्याप्‍त ट्रायल डेटा न होने के चलते दूसर देश एके एतना तवज्जो ना देलें।

भारत में COVID-19 के दो टीकों- Covishield और Covaxin को जनवरी 2021 के पहले हफ्ता में अप्रूवल मिल चुकल बा। आइ जानल जाए Sputnik V, Covishield या Covaxin से केतना अलग बा।

एके भी पड़ीं: देश में कोरोना के 771 वेरिएंट, अब इम्‍युनिटी भी ना कर पा रहल बा वायरस से बचाव

फेज 3 ट्रायल के अंतरिम नतीजों में Sputnik V वैक्‍सीन के एफेकसी 91.6% पावल गईल बा।
भारत बायोटेक के Covaxin ने फेज 3 क्लिनिकल ट्रायल में 81% के एफेकसी हासिल कईल गईल बा।
सीरम इंस्टिट्यूट ऑफ इंडिया के Covishield के एफेकसी 62% दर्ज भईल रहे। हालांकि डेढ़ डोज देने पर एफेकसी 90% तक पहुंच गईल।

Covishield के दो डोज 4-8 हफ्तों के अंतराल पर देहल जाला। एके स्‍टोर करे के लिए सब जीरो तापमान (शून्‍य से कम) के जरूरत ना बा।
Covaxin के दो डोज 4-6 हफ्तों के अंतराल पर देहल जाला। एके भी 2-8 डिग्री सेल्सियस के बीच तापमान पर स्‍टोर कर सकेला।
Sputnik V के डिवेलपर्स के अनुसार, इसे भी 2-8 डिग्री सेल्सियस तापमान के बीच स्‍टोर कयल जा सकेला। ई वैक्‍सीन भी दो डोज में देबल जाला।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments