Sunday, May 5, 2024
Homeयुवाकोरोना से देशभर में 77 लोग मरलें ,3030 लोग संक्रमित , 266...

कोरोना से देशभर में 77 लोग मरलें ,3030 लोग संक्रमित , 266 लोग भइने इलाज के बाद ठीक

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

स्वास्थ्य मंत्रालय के अनुसार भारत में कोरोना वायरस से 77 लोगन  के  मौत हो गइल बा । उहें  अबे  तक 3030 मामला  सामने आइल बाने । 266 लोग ठीक हो गइल बाने ।

देश में कोरोनावायरस के चलते हालात बिगड़त जात बा । संक्रमण से अब तक 77 मौतें हो चुकल बा ।

शनिवार के  वायरस के चपेट में आवे  से 14 लोग दम तोड़ चुकल  बाने । इनमें 6 महाराष्ट्र, 3 मध्यप्रदेश, 2 तमिलनाडु से बाने जबकि 1-1 गुजरात, राजस्थान और कनार्टक से बाने । इ  तरह देश में मृतकन  के  संख्या 77 हो गइल बा ।

नये कोरोना मामला में  से 30% तब्लीगी जमात के मरकज से लौटल लोगन के वजह से फैलल बा ।बीतल  24 घंटा  में संक्रमण के 601 मामले बढ़ल  बाने और 14  मरीजन  के  मौत भइल बा । इ  जानकारी स्वास्थ्य मंत्रालय की ओर से शनिवार शाम के दीहल गइल  । मंत्रालय के सचिव लव अग्रवाल बतइने कि  सबसे ज्यादा संक्रमण युवाओं में देखल  गइल बा । अब तक मिलल संक्रमितन  में 42% की उम्र 21 से 40 साल बा , जबकि 33% मरीज 41 से 60 उम्र के बीच के बाने । 60 साल से ऊपर के 17% मरीज बाने । 0 से 20 साल के बीच सिर्फ 9% मामले देखल  गइल ।

स्वास्थ्य मंत्रालय बतइलस  कि तब्लीगी जमात से संबंधित कोरोना पीड़ित  मरीज  17 राज्यों में  मिलल  बाने । कुल संक्रमितन  में से 1023 केस तब्लीगी जमात से बाने । इ  लोग तमिलनाडु, दिल्ली, तेलंगाना, आंध्र प्रदेश, कर्नाटक, अंडमान निकोबार, उत्तराखंड, केरल, अरुणाचल प्रदेश, हरियाणा सहित अन्य प्रदेशों से बाने । इन लोगिन के  संपर्क में आइल  22 हजार लोगन के  क्वारैंटाइन कइल गइल बा । अग्रवाल कहने कि  कि हम एमे  शामिल  लोगन के तलाश करवावत बानी ।  हम लोगन से अपील करते बानी  कि उभी सरकार के अइसन लोगन के खोजे में मदद करे।

 

News Data source: https://www.mohfw.gov.in

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments