Tuesday, April 30, 2024
Homeदिल्ली-NCRदिल्ली में एक महीने के अंदर लगी 44 ऑक्सीजन प्लांट्स, केजरीवाल बोलले-बैंकॉक...

दिल्ली में एक महीने के अंदर लगी 44 ऑक्सीजन प्लांट्स, केजरीवाल बोलले-बैंकॉक से आयात होई 18 टैंकर

दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल प्रेस कॉन्फ्रेंस करके कहले कि ऑक्सीजन टैंकर खरीदे खातिर। दिल्ली सरकार बैंकाॅक से 18 टैंकर आयात करे के निर्णय लेले बा, ई टैंकर कल से आवे सुरु हो जाई।

दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल कहले कि हम केंद्र सरकार से एकरे खातिर वायुसेना के विमान देबे क अनुरोध कइले बानी अउर उनकर काफी सकारात्मक रवैया रहल। बातचीत चल रहल बा।

केजरीवाल कहले कि फ्रांस से हम ऑक्सीजन के 21 प्लांट आयात कर रहल बानी, जवन रेडी टू यूज प्लांट बाने। इनके अलग-अलग अस्पतालन में लगा देंबल जाई, इससे हमके उ अस्पतालन में ऑक्सीजन के कमी दूर करने में मदद मिली।

एके भी पड़ीं:भारत में Coronavirus के रफ्तार पर लगल ब्रेक, मरीजों के संख्‍या में आईल कमी

केजरीवाल कहले कि दिल्ली में एक महीने के अंदर 44 ऑक्सीजन प्लांट लगावे जा रहल बानी। जेमे 8 प्लांट केंद्र सरकार लगा रहल बा। उम्मीद बा कि ई 8 प्लांट 30 अप्रैल तक तैयार हो जइहें। 36 प्लांट दिल्ली सरकार लगा रहल बा इसमें से 21 प्लांट फ्रांस से आ रहल बा, बाकी 15 प्लांट स्वदेशी बाने।

केजरीवाल ने कहले कि पिछले 4-5 दिनों में मैंने कई राज्य के मुख्यमंत्रियन के लिखली अउर मदद मांगली। हमके जबरदस्त समर्थन मिल रहल बा, हमके कई लोगों से प्रस्ताव मिलल बा। उनमें से कई मदद कर रहल बाने।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments