पिछले एक हफ्ते से देश में कोरोना वायरस (Coronavirus) संक्रमण यानी कोविड महामारी के वजह से मचल हाहाकर के बीच राहत भरी खबर आईल बा. केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय द्वारा जारी ताजा आंकड़ा के मुताबिक बीते 24 घंटा में कोविड-19 संक्रमण के नए मामलों में काफी कमी आइल बा.
आंकड़ा पिछले डाटा के तुलना में 3,23,144 लाख केस रहल वहीं देश में 2,764 लोगन के मौत कोरोना के वजह से हो गईल. अब कोरोना से मरे वालन के आकंड़ा दो लाख के करीब पहुंच गयल बा.
ए वक्त देश में कुल कोरोना केस: 1,76,36,307
केतना लोग कोरोना से ठीक भईलें: 1,45,56,209
मृतकों के आंकड़ा यानी डेथ टोल: 1,97,894
देश में कुल एक्टिव केस फिलहाल: 28,82,204
इतना लोगन लग चुकल बा वैक्सीन :14,52,71,186
8 राज्यन में 1 लाख से ज्यादा एक्टिव केस
देश में कोरोना संक्रमितन के कुल संख्या 1,76,36,307 बा वहीं मौत के आंकड़ा करीब 2,00,000 के करीब पहुंच गयल बा. केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के आंकड़ा के मुताबिक मंगलवार के देश में लगभग 2.9 मिलियन सक्रिय मामले बा. ए 8 राज्यन में महाराष्ट्र, उत्तर प्रदेश, कर्नाटक, केरल, राजस्थान, छत्तीसगढ़, गुजरात और तमिलनाडु में एक लाख से ज्यादा सक्रिय कोरोना केस बा.