Friday, May 10, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणशिक्षक महासंघ के दावा पंचायत चुनाव में ड्यूटी करे वाले 550 शिक्षकन...

शिक्षक महासंघ के दावा पंचायत चुनाव में ड्यूटी करे वाले 550 शिक्षकन के कोरोना से मौत

लखनऊ. उत्तर प्रदेश शिक्षक महासंघ दावा (shikshak mahasangh Claim) कइले बा कि, पंचायत चुनाव के ड्यूटी से लौटने के बाद कोरोना संक्रमण के वजह से अब तक पूरे प्रदेश में 550 शिक्षकन के मौत हो चुकल बा अउर महासंघ, पंचायत चुनाव मतगणना के स्थगित करावे के मांग करल जा रहल बा। जीहां, कोरोना वायरस केहू के बख्श नहीं रहल बा। अब चाहे उ सरकार के बड़ा अफसर हो, मंत्री हो या विधायक या फिर आम जनता तनको असावधानी अउर बड़ी मुसीबत में फंस जा रहल बा जान। कोरोना के वजह से बुधवार शाम के एक भाजपा विधायक, गुरुवार सुबह एक पूर्व मंत्री हाजी रियाज़ अहमद सहित यूपी राजस्व परिषद के अध्यक्ष व वरिष्ठ आईएएस दीपक त्रिवेदी के निधन हो गयल। कोरोना के वजह से अब तक पांच भाजपा विधायकन के जान जा चुकल बा।

उत्तर प्रदेश शिक्षक महासंघ के प्रदेश अध्यक्ष डॉ. दिनेश शर्मा प्रदेश सरकार से पंचायत चुनाव के मतगणना स्थगित करे के मांग कइले बाने। शिक्षक महासंघ के दावा बा कि कोरोना के वजह से उ जिलन में अधिक शिक्षकन के मौत भयल बा, जहां पंचायत चुनाव हो चुकल बा। पहले चरण में चुनाव वाले प्रयागराज जिले में 28 प्राथमिक शिक्षक एवं 10 माध्यमिक शिक्षकन के मौत हो गयल। उत्तर प्रदेश प्राथमिक शिक्षक संघ के जिलाध्यक्ष एवं प्रदेश उपाध्यक्ष देवेंद्र कुमार श्रीवास्तव के कहना बा कि प्रदेश के सभी 75 जिलों में अब तक 550 शिक्षकन के निधन हो चुकल बा। उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षक संघ ठकुराई गुट पंचायत चुनाव के मतगणना में संभावित कोरोना संक्रमण के खतरे से प्रदेश सरकार के आगाह कईले बा।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments