Saturday, April 27, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणअबकी बार केकर बंगाल, एग्जिट पोल में बड़ा उलटफेर के संभावना, जानी...

अबकी बार केकर बंगाल, एग्जिट पोल में बड़ा उलटफेर के संभावना, जानी केके मिली केतना सीट

पश्चिम बंगाल में विधानसभा चुनाव के आखिरी चरण के वोटिंग गुरुवार के खत्म हो गईल। एकरे साथ ही एग्जिट पोल्स आवे के दौर शुरू हो गयल बा। अलग-अलग एजेंसियन के सर्वे में प्रदेश में एक बार फिर ममता बनर्जी के नेतृत्व में टीएमसी के सरकार बनत दिखाई दे रहल बा लेकिन कुछ सर्वे अइसन बने, जिन पर भरोसा कयल जाए त बीजेपी बंगाल में इतिहास रचे जा रहल बा। इ कुल से सबसे इतर अन्य सर्वेक्षणों पर भी नजर डाली त बंगाल में बीजेपी अपने प्रदर्शन से हर केहू के हैरान कर देहि।

साल 2016 के विधानसभा चुनाव में सिर्फ तीन सीट जीते वाली भगवा पार्ट ए बार 200 पार सीटें लावे के लक्ष्य रखले रहे। अमित शाह समेत बीजेपी के कई नेता आत्मविश्वास के साथ लगातार ई दावा करत रहले कि बीजेपी राज्य में पूर्ण बहुमत के सरकार बनावे वाला बा। हालांकि, जब ओपिनियन पोल सामने अईले के बाद इन दावा को थोड़ी-बहुत मजबूती भी मिलल। ओपिनियन पोल में बीजेपी के 100 से 110 सीटें जीतत देखावल गयल ब।

शुक्रवार के चुनाव खत्म होखले के बाद सामने आयल एग्जिट पोल में बीजेपी के चमत्कृत करे वाला प्रदर्शन सामने आयल बा। तीन एजेंसियों के एग्जिट पोल में दावा कयल गयल बा कि बीजेपी ममता बनर्जी के टीएमसी के अपदस्थ करके प्रदेश में सबसे बड़ी पार्टी के रूप में सामने आ सकेले। रिपब्लिक-सीएनएक्स, जन की बात अउर इंडिया टीवी-पीपल्स पल्स के एग्जिट पोल में बीजेपी के बहुमत मिलले के संभावना जतावल गयल बा।इंडिया टीवी के सर्वे में चौंकाने वाला आंकड़ा के दावा कयल गयल बा कि ममता के पार्टी सिर्फ 64 से 88 सीटों पर सिमट जाई जबकि बीजेपी के 173 -192 सीट मिली, जवान बंगाल में स्पष्ट बहुमत के आंकड़ा बा। ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments