Tuesday, April 30, 2024
Homeराजनीतिमहाराष्ट्र में शिवसेना, कांग्रेस अउर एनसीपी के बीच भईल समझौता

महाराष्ट्र में शिवसेना, कांग्रेस अउर एनसीपी के बीच भईल समझौता

महाराष्ट्र में सरकार बनले के रास्ता साफ हो गईल बा। सूत्रन के मुताबिक, लंबी कवायद के बाद शिवसेना, कांग्रेस अउर एनसीपी के बीच सरकार बनावे के लेके समझौता हो गईल। समझौता के तहत शिवसेना के पूरे कार्यकाल के खातिर मुख्यमंत्री पद मिली। कांग्रेस अउर एनसीपी के खाते में एक-एक उपमुख्यमंत्री पद अईहे।

सूत्रन के अनुसार, सरकार बनावे के लेके महाराष्ट्र में शिवसेना, कांग्रेस अउर एनसीपी के बीच लगातार बातचीत चल रहल बा। तीनो दल के बीच कॉमन मिनिमम प्रोग्राम (सीएमपी) के लेके सहमति बन गइल। एह समझौता के तहत शिवसेना के पूरे कार्यकाल के खातिर मुख्यमंत्री पद मिली , जबकि राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी (एनसीपी) के 14 अउर कांग्रेस के 12 मंत्रीपद मिली। खुद शिवसेना के खाते में भी मुख्यमंत्री पद के अलावा 14 मंत्री पद भी रहीहे।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments