Tuesday, May 21, 2024
Homeराजनीतिखट्टर सरकार के मंत्रिमंडल के भईल विस्तार , कैबिनेट में 10 मंत्री...

खट्टर सरकार के मंत्रिमंडल के भईल विस्तार , कैबिनेट में 10 मंत्री भईले शामिल

हरियाणा में भारतीय जनता पार्टी अउर जननायक जनता पार्टी सरकार के पहिला मंत्रिमंडल विस्तार गुरुवार के भईल। 10 मंत्री शपथ लिहले। बीजेपी के कोटे से 8, जेजेपी के कोटे से एक अउर एक निर्दलीय विधायक के मंत्री बनावल गइल। एह मंत्री के शपथ के साथ खट्टर सरकार में मंत्रियन के संख्या 12 हो गईल बा।

गुरुवार के मंत्रिमंडल विस्तार में 6 विधायकन के कैबिनेट मंत्री पद के शपथ दिलवाल गईल जबकि 4 विधायकन के राज्यमंत्री पद के शपथ दिलवाल गईल। अनिल विज, कंवरपाल गुर्जर, मूलचंद शर्मा, जेपी दलाल, बनवारी लाल अउर रणजीत सिंह चौटाला कैबिनेट मंत्री पद की शपथ ली, जबकि ओम प्रकाश यादव, कमलेश ढांढा, अनूप धानक अउर संदीप सिंह राज्य मंत्री पद के शपथ लिहले।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments