Sunday, May 19, 2024
Homeराजनीतिबेटे अखिलेश कहले रहले 'BJP का टीका' अब मुलायम सिंह यादव भी...

बेटे अखिलेश कहले रहले ‘BJP का टीका’ अब मुलायम सिंह यादव भी लगवाइलें कोरोना वैक्सीन

उत्तर प्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री अउर समाजवादी पार्टी के संरक्षक मुलायम सिंह यादव सोमवार के कोरोना वैक्सीन (Covid Vaccine) के पहली डोज लगवले। दिलचस्प बात ई बा कि उनके बेटे अखिलेश यादव (Akhilesh Yadav) लगातार वैक्सीन के विरोध करात बाने।

81साल के मुलायम सिंह यादव मेदांता हॉस्पिटल में वैक्सीन के पहली डोज लगवईले। एसे पाहिले उनकर बहू अपर्णा यादव भी पिछले महीना लखनऊ के लोकबंधु हॉस्पिटल में वैक्सीन लगवइले रहली। उ डॉक्टर्स, रिसर्चर्स और वैज्ञानिकों के तारीफ करते हुए सभी लोगों से जल्द से जल्द वैक्सीन लगवावे के अपील भी कइले रहली।

दरअसल, समाजवादी पार्टी के अध्यक्ष अखिलेश यादव पाहिले वैक्सीन के विरोध कइले रहले। बीजेपी के वैक्सीन करार देत वैक्सीन ना लगवावे के बात कहले रहलें। हालांकि कोरोना के दूसरी लहर के दौरान उनकर सुर बदल गयल रहे। वह बीजेपी सरकार से सभी लोगों के मुफ्त में वैक्सीन लगववे के मांग करे लागल रहलें।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments