Friday, May 17, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणआर्केस्ट्रा पार्टी के नाबालिग लड़कियन से अश्लील नृत्य, उनकर शोषण...

आर्केस्ट्रा पार्टी के नाबालिग लड़कियन से अश्लील नृत्य, उनकर शोषण व उत्पीड़न पर लगे रोके: अखिल कुमार ,(एडीजी)

न्यूज़ डेस्क : गोरखपुर (अमरदीप गुप्ता )

गोरखपुर जोन में बैंड पार्टी , आर्केस्ट्रा पार्टी आदि द्वारा बालिग एवं नाबालिग लड़कियों से कराइल जा रहल अश्लील नृत्य और उनके शोषण तथा उत्पीड़न के रोकथाम के संबंध में एडीजी जोन अखिल कुमार, जोन के सभी जनपदन के पुलिस अधीक्षकन के आवश्यक दिशा निर्देश दिहलें . जोन के विभिन्न जनपदन में अवैध रूप से आर्केस्ट्रा संचालन, सार्वजनिक स्थान पर अश्लील नृत्य करावे व बैंड पार्टी द्वारा बालिग एवं नाबालिग लड़कियन के खरीद – फरोख्त व पैसा के लालच देकर शारीरिक व मानसिक शोषण की शिकायतों के मद्देनजर ये निर्देश जारी कइल गइल बा । पिछला कई दिन से जनपद महाराजगंज में अइसन शिकायत मिले पर जनपद की एंटी ह्यूमन ट्रैफिकिंग यूनिट द्वारा आरोपियन के विरुद्ध मुकदमा पंजीकृत कर विधिक कार्रवाई करल गइल ।

भारतीय संविधान के अनुच्छेद 23 के अंतर्गत मानव का अवैध व्यापार प्रतिबंधित बा एकर रोकथाम हेतु बनाइल गइल प्रावधानन के मुख्य उद्देश्य बाजारू कामकाज खातिर लोगन के लैंगिक शोषण या दुरुपयोग रोकल बा ।

महिलाओं के अनैतिक यातायात और यौन शोषण के बढ़ावा देवे में सार्वजनिक स्थानन पर आयोजित होवे वाला अश्लील नृत्य भी ए गो प्रमुख कारण बा । सार्वजनिक स्थानों पर आयोजित होवे वाला अश्लील नाच के करावे खातिर महिलाओं के खरीद – फरोख्त करके या पैसे अथवा अच्छी जीवन शैली के लालच देकर महिलाओं के एक प्रदेश से दूसरे प्रदेश में ले जाकर अनैतिक देह व्यापार में फंसा दिहल जाला , साथे सार्वजनिक स्थानों पर आयोजित होवे वाले अश्लील नृत्य में असामाजिक तत्वों के उपस्थिति रहेली , जिसमें महिला संबंधी अपराध के आशंका बढ़ जाले । कुछ दिन पहिले जनपद गोरखपुर के थाना कैंपियरगंज क्षेत्र में नर्तकी के साथ नाच करते -करते वहां मौजूद अंसामाजिक लोग आपसे में ही मार – पीट कर लिहने ।

इ प्रकार के सभी घटनाओं के संज्ञान लेकर जरूरी कानूनी कार्रवाई करे खातिर सभी जनपदन के आदेश दिहल गइल बा। बैंड तथा आर्केस्ट्रा ग्रुप द्वारा निर्धारित समया में तथा मानक के अनुरूप वाद्ययंत्र नाही बजाये जावे के शिकायतन पर तथा साथे कोरोना संक्रमण के चलते महामारी अधिनियम के समुचित धाराओं में भी कानूनी कार्यवाही करे खातिर निर्देशित करल गइल बा । एकरा अलावा सभी जनपदन में बैंड बाजा पार्टी संचालकों व आर्केस्ट्रा संचालकों का सत्यापन कराए जावे के साथ ही साथ उनकर बैंड पार्टी आर्केस्ट्रा में काम करे वाली महिलाओं / लड़कियों के सूचीबद्ध कर इनके अनुचित क्रियाकलापों पर प्रभावी रूप से कानूनी कार्यवाही करे तथा उनके रजिस्ट्रेशन पत्रों के भी जांच करे खातिर आदेश दिहल गइल बा, परिक्षेत्रीय पुलिस महानिरीक्षक पुलिस उपमहानिरीक्षक के उपरोक्त निर्देशन के प्रभावी कार्य योजना बनाकर अनुपालन कराए जाये हेतु आदेश दिहल गइल बा ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments