Wednesday, May 15, 2024
Homeमनोरंजनअक्षय कुमार-रोहित शेट्टी में हो गईल जबरदस्त हाथापाई, छुड़ाने आईल पुलिस

अक्षय कुमार-रोहित शेट्टी में हो गईल जबरदस्त हाथापाई, छुड़ाने आईल पुलिस

बॉलीवुड एक्टर अक्षय कुमार अभी अपने अगली फिल्म ‘राम सेतु’ के शूटिंग में बिजी बाने. लेकिन ए बीच अक्षय कोरोना संक्रमित हो गईले अउर शूटिंग भी रुक गईल. एसे पहिले भी अक्षय कुमार के कई फिल्में रिलीज होखे से रुक गईल बानी, जेमन ‘सूर्यवंशी'(Sooryavanshi) के नाम भी शामिल बा. ई फिल्म पिछले साल रिलीज होखे वाली रहे, लेकिन सरकार कोरोना के देखते पिछले साल लॉकडाउन लगा देलस अउर कुल सिनेमाघर भी बंद कर देबील गयल जेकरे वजह से फिल्म के रिलीज लटक गई रहे.

यह भी पड़ें: कंगना रनौत के खुलासा, अक्षय कुमार काहें कईले रहलें उनके सीक्रेट कॉल

अक्षय के फैन्स फिल्म के रिलीज क बेसब्री से इंतजार कर रहल बाने. Sooryavanshi के सेट से एक वीडियो भी सामने आयल रहे. अब ई वीडियो काफी वायरल हो रहल बा . ए वीडियो में अक्षय कुमार और डायरेक्टर रोहित शेट्टी लड़ाई करत नजर आ रहल बाने. अक्षय के लड़ाई बढ़त देख पुलिसवालन के बीच में आके दोनों के हटावे के कोशिश करते रहे. वीडियो में कटरीना कैफ भी नजर आ रहल बानी.

हालांकि वीडियो के अंत में पता चलल कि दोनों सिर्फ मजाक में ई सब करत बाने. अक्षय अउर रोहित के स्टाफ जब छुड़ावेला त दुनो हंसे लगेलें. फैन्स भी दोनों के इ मस्ती के देखके काफी खुश होले. फिल्म के रिलीज के लिए 30 अप्रैल तारीख तय कयल गयल बा, लेकिन अब एक बार फिर रिलीज टलत नजर आ रहल बा.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments