Friday, May 17, 2024
Homeमनोरंजनकंगना रनौत के खुलासा, अक्षय कुमार काहें कईले रहलें उनके सीक्रेट कॉल

कंगना रनौत के खुलासा, अक्षय कुमार काहें कईले रहलें उनके सीक्रेट कॉल

कंगना रनौत (Kangana Ranaut) हाल ही में एक ट्वीट करके फैन्स के बतईली कि उनके अक्षय कुमार के तरफ से सीक्रेट कॉल आयल रहे। कंगना बतईली कि उनके फिल्म ‘थलाइवी’ के ट्रेलर देखके कई बड़े फिल्म स्टार्स उनके चुपके से कॉल करके उनकर तारीफ कईले बाने। साथ में उ ई बात भी कहली कि ई स्टार्स खुलके हमार तारीफ़ ना कर सकेलें काहें की उनाके मूवी माफिया के डर बा।

कंगना (Kangana Ranaut) एक ट्वीट के जवाब देते समय ई बातें सोशल मीडिया पर खुलके रखलीं। कंगना अपने ट्वीट में लिखली, ‘बॉलिवुड में इतने दुश्मन हैं यहां पर मेरी तारीफ करना भी लोगों को मुश्किल में डाल सकता है। मुझे कई सीक्रेट कॉल और मेसेज आते हैं, जिनमें अक्षय कुमार जैसे बड़े स्टार्स भी शामिल हैं। उन्होंने फिल्म थलाइवी की जमकर तारीफें कीं, लेकिन आलिया और दीपिका की फिल्मों की तरह वे खुलकर तारीफें नहीं कर सकते। मूवी माफिया का जबरदस्त आतंक है।’

यह भी पड़ें: सलमान खान के गर्लफ्रैंड क आरोंप, धोखा देले रहे सलमान खान.

बतावत चलीं कि कंगना बॉलिवुड के उ ऐक्ट्रेस में से जानल जाली, जे खुलके कउनो भी मुद्दे पर आपन राय रखेलीं अउर कई बार एही वजह से उ विवाद में भी आ जालीं। बॉलिवुड में नेपोटिज्म जईसन मुद्दा पर कंगना ही सबसे पहिले निशाना सधले रहलीं अउर करण जौहर के शो में उ सीधे-सीधे उनके उपर ही भआई-भतीजावा के बढ़ावा देवे के आरोप लगा देले रहली। कंगना हमेशा से बॉलिवुड माफिया के खिलाफ बोलत रहल हई।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments