Tuesday, April 30, 2024
Homeराजनीतिभारत लाइल गइल अमर सिंह के पार्थिव शरीर, आज होई...

भारत लाइल गइल अमर सिंह के पार्थिव शरीर, आज होई अंतिम संस्कार

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

रविवार के दिवंगत नेता अमर सिंह के पार्थिव शरीर दिल्ली ले आइल गइल . सोमवार के उनकर अंतिम संस्कार करल जाई . अमर सिंह के पार्थिव शरीर फिलहाल दिल्ली में उनकर छतरपुर वाला घर में अंतिम दर्शन खातिर रखल गइल बा . 

राज्यसभा सांसद अमर सिंह के शनिवार दोपहर सिंगापुर के एक अस्पताल में निधन हो गइल रहल . उ बहुत दिन से बीमार चलत रहने . कुछ ही दिन पहले उनकर किडनी ट्रांसप्लांट भइल रहल . जेकरा बाद उ ठीक होत रहने . आपन एगो वीडियो में उ खुदे कहले रहने की उ बीमारी से जूझत बाने और जल्दी ठीक होकर वापस अइहें . हालांकि शनिवार के उनकर मौत के खबर मिलल .

आपन राजनीतिक करियर के शुरुआत अमर सिंह समाजवादी पार्टी से ही करले रहने . एक समय उ मुलायम सिंह के सबसे करीबी रहने . हालांकि आखिर में उनके पार्टी से निकाल दिहल गइल . आखिर के दिनन में उनकर बीजेपी से नजदीकी बढ़ गइल रहल . हालांकि उ कउनो पार्टी ज्वाइन नाहि करले रहने .

अमर सिंह के बारे में कहल जात रहल की उ वो यारों के यार रहने . अइसन कउनो नेता, खिलाड़ी फिल्मस्टार , उद्योगपति ना होई जेसे उनकर अच्छे संबंध ना हों . उ सदी के महानायक अमिताभ बच्चन के मुश्किल परिस्थितियों में मदद कइले रहने .

उनकर निधन पर प्रधानमन्त्री मोदी, अमिताभ बच्चन , अभिषेक बच्चन , शिवपाल यादव शोक जतइने .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments