Sunday, April 28, 2024
Homeदिल्ली-NCRअमित शाह कोरोना पॉजिटिव, मेदांता में भइलें भर्ती

अमित शाह कोरोना पॉजिटिव, मेदांता में भइलें भर्ती

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

गृहमंत्री अमित शाह कोरोना पॉजिटिव पाइल गइल बाने . जेकरा बाद उनके डॉक्टरन के सलाह पे गुरुग्राम के मेदांता अस्पताल में भर्ती कराइल गइल बा . गृहमंत्री अमित शाह खुद अपने ट्विटर हैंडल पर ए बात के पुष्टि कइले बाने . उ बतइने कि शुरूआती लक्षण दिखे के बाद उ कोरोना टेस्ट जांच करवइले रहने . जेकर रिपोर्ट पॉजिटिव आईल बा .

उ बतइने कि उनकर तबीयत ठीक बा लेकिन डॉक्टरन के सलाह पर अस्पताल में भर्ती हो गइल बाने . उ अनुरोध कइले बाने कि हाल के दिनन में जो लोग भी उनके संपर्क में आइल बाने , कृपया कर खुद के आइसोलेट करें और जांच करवाएं.

अमित शाह कोरोना पॉजिटिव पाए जावे के बाद शाम 4.24 मिनट पर मेदांता अस्पताल में भर्ती करल गइने . उनके मेदांता के 14वें फ्लोर पर रूम नंबर 4710 में रखल गइल बा . डॉक्टर सुशीला कटारिया के निगरानी में उनकर इलाज चली . गृहमंत्री की जांच खातिर डॉक्टर गुलेरिया के नेतृत्व में AIIMS की एक टीम मेदांता अस्पताल जा सकेला .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments