Monday, May 13, 2024
Homeटेक्नोलॉजीअजीम प्रेमजी आज हो जईहे रिटायर

अजीम प्रेमजी आज हो जईहे रिटायर

आईटी कंपनी विप्रो के चेयरमैन अउर मैनेजिंग डायरेक्टर अजीम प्रेमजी आज रिटायर हो जईहे | 74 साल के अजीम प्रेमजी अपने कंपनी के 53 साल तक सम्भालले के बाद एकर बागडोर अपने बेटे रिशद प्रेमजी के हाथ में सौंप दिहे | उनकर बेटा रिशद प्रेमजी जे एह समय कंपनी के मुख्य रणनीति अधिकारी अउर निदेशक मंडल के सदस्य हवे | उ कंपनी के कार्यकारी चेयरमैन के पद 31 जुलाई से सम्भालिहे | हालांकि सूत्रन के मुताबिक अजीम प्रेमजी अपनी फर्म के नॉन एक्जीक्यूटिव डायरेक्टर अउर संस्थापक चेयरमैन के रूप में बोर्ड ऑफ डायरेक्टर्स में साल 2024 तक बनल रहीहे |
अजीम प्रेमजी जिनके अनौपचारिक रूप से भारतीय आईटी उद्योग के सम्राट के रूप में जानल जात बाने उ न केवल आईटी इंडस्ट्री के बिजनेस टायकून के रूप में प्रसिद्ध हवे बल्कि परोपकार के मामले में उनकर पहचान विश्व प्रसिद्ध हवे | अजीम प्रेमजी देश के आईटी कंपनी में विप्रो के अग्रणी स्थान दिलावे वाले मशहूर बिजनेसमैन ही नाहीं बल्कि परोपकार के मामला में देश में सबसे आगे रहे वाला उद्योगपति भी हवे | परोपकार के मामला में उ एशिया के नंबर 1 उद्योगपति हवे अउर एह मामला में दुनिया के टॉप 5 बिजनेसमैन में उनकर नाम शामिल हवे |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments