Sunday, April 28, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणराज्य सभा में आज पेश हो सकला तीन तलाक बिल

राज्य सभा में आज पेश हो सकला तीन तलाक बिल

केंद्र सरकार तीन तलाक बिल के आज राज्यसभा में पेश कई सकेले। भाजपा अउर कांग्रेस दुनो पार्टी अपने सांसद लोगन के खातिर व्हिप जारी कईले हवे । विधेयक 25 जुलाई के लोकसभा में पहिले ही पास हो चुकल बा । लोकसभा में बिल के पक्ष में 303 अउर विरोध में 82 मत पड़ल। तब कांग्रेस, तृणमूल, सपा अउर डीएमके समेत अन्य पार्टी बिल के विरोध कईला के बाद वोटिंग से पहिले सदन से वॉकआउट कई गईले |
एसे पहिले 16वीं लोकसभा में भी ट्रिपल तलाक बिल पास हो चुकल बा , लेकिन तब इ राज्यसभा में अटक गयील रहे । राज्यसभा में एनडीए के पास बहुमत नाही हवे । साथ ही सहयोगी दल जदयू भी एह बिल के विरोध कईले। इहे कारण बा कि भाजपा सब सदस्य के राज्यसभा में उपस्थित रहले के खातिर व्हिप जारी कईले बाने |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments