Sunday, May 19, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणसपा प्रमुख अखिलेश यादव के बीजेपी पर जुबानी हमला

सपा प्रमुख अखिलेश यादव के बीजेपी पर जुबानी हमला

समाजवादी पार्टी के प्रमुख अखिलेश यादव मंगलवार के उन्नाव रेप मामले में पीड़िता से मिले केखातिर KGMU पहुचले | यहां उ बीजेपी पर जमकर जुबानी हमला कईले | अखिलेश यादव कहले कि समाजवादी पार्टी पहिले दिन से पीड़िता के साथ बा , लगातार हम साथ में खड़े रहिब | सरकार के जिम्मेदारी हवे कि पीड़िता के इंसाफ दिलावे | यूपी देश के पीएम, राष्ट्रपति दिहले हवे , का एगो बेटी के न्याय नाहीं दिला सकेले | उ जुबानी हमला करते हुए कहले कि बीजेपी के सरकार कुछ भी कह सकेले अउर कुछ भी करा सकेले |
उन्नाव रेप मामला एक बार फिर से तूल पकड़ लिहले बा | रविवार के भईल सड़क हादसे में पीड़िता के हालत गंभीर हवे, जबकि उनकर मौसी-चाची के मौत हो गईल हवे | एही के बाद से ही इ मामला पर बवाल मचल बा | यूपी पुलिस एक्सीडेंट मामले में सीबीआई जांच के सिफारिश कई दिहले बा | ओहि एह मामले में बीजेपी विधायक कुलदीप सिंह सेंगर पर भी केस दर्ज कईल गईल बा | एह मामले के लेके आज देश के कई हिस्सा में प्रदर्शन भी भईल |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments