Tuesday, May 14, 2024
Homeयुवाभारी विरोध के कारण IPL में ए साल के टाइटल स्पॉन्सर ना...

भारी विरोध के कारण IPL में ए साल के टाइटल स्पॉन्सर ना होई VIVO

न्यूज़ डेस्क: दिल्ली

देश में चीन के भारी विरोध के चलते भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (BCCI) ने चाइनीज मोबाइल फोन कंपनी वीवो (VIVO) के साथ इंडियन प्रीमियर लीग (IPL) के आगामी सीजन खातिर टाइटल प्रायोजन करार के निलंबित कर दिहले बा . बीसीसीआई आज कहलस कि विवो ए साल आईपीएल के साथ ना जुड़ी.

प्रेस रिलीज के अनुसार , ‘बीसीसीआई और विवो मोबाइल इंडिया प्राइवेट लिमिटेड ने 2020 में इंडियन प्रीमियर लीग खातिर आपन साझेदारी के निलंबित करे के फैसला कइले बा .” वीवो 2018 से 2022 तक 4 साल खातिर 2190 करोड़ रूपये (प्रत्येक वर्ष करीब 440 करोड़ रूपये) में आईपीएल प्रायोजन अधिकार हासिल कइले रहल . आईपीएल 19 सितंबर से संयुक्त अरब अमीरात में शुरू होई काहें की भारत में कोरोना के मामले रोज़ बढ़ल जात बाने जेके कारण इ बार आईपीएल विदेश में आयोजित करवे के पड़त बा . 

इमेज क्रेडिट : सोशल मीडिया

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments