Monday, May 6, 2024
Homeधर्म कर्मए साल कान्हा के जन्म ऑनलाइन देखल जाई, मथुरा के प्रमुख...

ए साल कान्हा के जन्म ऑनलाइन देखल जाई, मथुरा के प्रमुख मंदिरन में ना मिली श्रद्धालुवन के प्रवेश

न्यूज़ डेस्क: मथुरा (बृजराज सिंह) इ बार मथुरा , वृन्दावन में जन्माष्टमी उत्सव बहुत सादा रही , कान्हा के जन्म त होई , लेकिन उनकर भक्त लोग ओ समय दरशन ना कर पइहें । उनके ऑनलाइन ही दर्शन करेके होई । कोरोना महामारी के चलते एकरा खातिर ख़ास इंतजाम करल गइल बा । ए बात के जानकारी कृष्ण जन्मस्थान के सचिव कपिल शर्मा भोजपुरी लाइव के दिहलें ।

श्रीकृष्ण जन्मस्थान के साथै प्रसिद्द द्वारिकाधीश व ठाकुर बांके बिहारी मंदिर के पट भी बंद रहिहें । मंदिर प्रशासन ठाकुरजी के जन्मोत्सव के उत्सव में कउनो तरह के कमी ना करी । एही कारण से श्रीकृष्ण जन्मस्थान अबहिये से विद्युतीय सजावट से झिलमिला उठल बा । संस्थान के सचिव कपिल शर्मा बतइने कि जन्मस्थान के मंच पर ए बार कउनो लीला ना होई , जबकि पुष्पांजलि समारोह भी भागवत भवन में ही होई । आम भक्तन के मंदिर में प्रवेश ना मिली । एकरा साथे साथ भागवत भवन व गर्भगृह में ठाकुरजी के भव्यता के साथ जन्माभिषेक होई और दूसरे दिन नंदोत्सव के धूम भी मची । भजन व संकीर्तन मंडली बुलाई गइल बा । भक्तन के जन्मोत्सव के लाइव दर्शनों खातिर पूरा इंतजाम करल गइल बा ।

साथे द्वारिकाधीश मंदिर के विधि एवं मीडिया प्रभारी राकेश चतुर्वेदी बतइने कि जन्माष्टमी के पूरी तैयारी खातिर बड़ौदा में मीटिंग होई , जेमे निर्णय लिहल जाई । वैसे आम भक्तन के जन्मोत्सव के दर्शन करावल संभव नाहि लागत बा । लाइव दर्शन के प्लानिंग बा । वृंदावन के ठाकुर बांके बिहारी मंदिर भी 30 सितंबर तक आम भक्तन खातिर बंद बा ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments