Monday, May 13, 2024
Homeयुवाबिहार के गोपालगंज के रहे वाला प्रदीप सिंह दुबारा UPSC में ...

बिहार के गोपालगंज के रहे वाला प्रदीप सिंह दुबारा UPSC में कइने कमाल

न्यूज़ डेस्क : पटना

संघ लोक सेवा आयोग ने सिविल सर्विस परीक्षा-2019 का रिजल्ट जारी कर दिहल गइल बा . प्रदीप सिंह, यूपीएससी सिविल सेवा (मेन्स) परीक्षा 2019 में ए बार 26वाँ रैंक पइले बाने । प्रदीप सिंह गोपालगंज, बिहार के मूल निवासी बाने । फिलहाल उ इंदौर में रहके तैयारी करत रहने, पिछला साल यूपीएससी सिविल सेवा परीक्षा में उनके 93 वां रैंक मिलल रहल । उ 1991 से ही पिता के साथ इंदौर में रहत रहने ।  

यूपीएससी के उम्मीदवारन खातिर संदेश, प्रदीप कहले की, “ यदि आप यूपीएससी में  आगे बढ़ाना चाहते हैं, तो अपने फैसले के बारे में सोचें। पारिवारिक दबाव में तैयारी ना करें । जब यह आपका अपना निर्णय होगा, तभी आप अच्छा करेंगे। आपकी प्रेरणा भीतर से आएगी और किसी भी बिंदु पर आपको इसका पछतावा नहीं होगा। हां, बहुत संघर्ष करना पड़ेगा। लेकिन याद रखें, जितना अधिक आप संघर्ष करेगे सफलता के अवसर उतने ही अधिक होंगे ।

अपने फैमिली बैकग्राउंड के बारे में उ बतावेले कि उनकर परिवार बिहार से बा और पिता सन 1992 में नौकरी के तलाश में मध्य प्रदेश गइने और उहां पेट्रोल पंप पर नौकरी करे लगने । प्रदीप के पढ़ाई इंदौर में भइल लेकिन गांव से भी हमेशा जुड़ाव रहल । प्रदीप के भाई संदीप प्राइवेट जॉब करेने । उ बतइने की, 'भइया ने ही सिविल सर्विसेज के लिए गाइड किया।' 
उ बतइने कि उनके माता-पिता भी बच्चन के पढ़ाई  खातिर बहुत संघर्ष कइले बाने   ।

प्रदीप 10वीं और 12वीं दोनों की परीक्षा CBSE बोर्ड से 81 फीसदी नंबरों के साथ पास भइले। उ सिविल परीक्षा की तैयारी खातिर बीकॉम ऑनर्स के साथ अंडरग्रैजुएट प्रोग्राम जॉइन कइले रहने, एकरा बाद एक साल तैयारी कइले और पहले प्रयास में परीक्षा पास कर लिहलें ओ समय इनके 93 रैंक मिलल रहल । इ साल इनके26 वाँ रैंक मिलल बा ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments