Thursday, May 2, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणबंगाल हिंसा से डरके BJP वर्कर भागले असम, सरमा कहलें- लोकतंत्र के...

बंगाल हिंसा से डरके BJP वर्कर भागले असम, सरमा कहलें- लोकतंत्र के गंदा नाच रोकें ममता

गुवाहाटी: पश्चिम बंगाल में चुनाव रिजल्ट अईले के बाद सोमवार के बाद से ही हिंसा में बीजेपी के कुछ कार्यकर्ता मारल गयल बाने अउर कईगो घायल बाने। वहीं कई जगहन पर दुकान में लूटपाट भी कयल गयल बा। घटना से डरके करीब 300-400 बीजेपी के कार्यकर्ता बंगाल से सुरक्षा के आस में असम पहुंचल बाने। ई दावा असम सरकार में मंत्री हेमंत बिस्वा सरमा कइले बाने।

हेमंत बिस्वा सरमा मंगलवार के ट्वीट करके कहले कि एक दुखद घटनाक्रम में 300-400 बीजेपी बंगाल कार्यकर्ता और उनके परिवार के सदस्यों असम में धुबरी में आके रुकल बाने। उ लोगन में बंगाल में अत्याचार और हिंसा के सामना करके बॉर्डर पार कईले बाने। हम सभी के आश्रय अउर भोजन दे रहल बानी। ममता बनर्जी दीदी के लोकतंत्र के इ गंदे नाच के रोकेके होई। बंगाल बेहतर के हकदार बा।

राष्ट्रीय मानवाधिकार आयोग हिंसा के जांच के आदेश देले बा
उधर, राष्ट्रीय मानवाधिकार आयोग (एनएचआरसी) पश्चिम बंगाल के कई जिलन में चुनाव के बाद हिंसा के मामले सामने अईले के बाद जांच के आदेश देले बा। केंद्र राज्य में विपक्षी कार्यकर्ताओं पर हमला के घटना के लेके सरकार से तथ्यात्मक रिपोर्ट सौंपे के कहले बा। अधिकारियन के हिसाब से बर्द्धमान जिले में रविवार अउर सोमवार के तृणमूल कांग्रेस और भाजपा के समर्थक में कथित झड़प में चार लोगन के मौत हो गईल। वहीं, तृणमूल कांग्रेस के दावा बा कि मारे गए लोगन में तीन पार्टी के समर्थक रहले।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments