Monday, May 6, 2024
Homeराजनीतिनंदीग्राम के लेके ममता बनर्जी के सनसनीखेज दावा, कहलीं- निर्वाचन अधिकारी के...

नंदीग्राम के लेके ममता बनर्जी के सनसनीखेज दावा, कहलीं- निर्वाचन अधिकारी के देबल गईल रहे जान से मरे के धमकी

कोलकाता: पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव के नतीजों (West Bengal Election Result) के बाद तृणमूल कांग्रेस (टीएमसी) के प्रमुख अउर राज्य के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी (Mamata Banerjee on Nandigram) सनसनीखेज दावा कईले बाली। ममता बनर्जी के कहना बा कि हमके नंदीग्राम के निर्वाचन अधिकारी बताइलें कि फिर से मतगणना के आदेश उनकी जिंदगी के खतरे में डाल सकेला। इ वजह से रीकाउंटिंग ना करावल गयल।

एके भी पढ़ी: हिंसा पर BJP सांसद के TMC के चेतावनी, कहले TMC सांसदन अउर CM के दिल्ली आवेके बा

इ सबके बीच बता देंहि कि पश्चिम बंगाल में टीएमसी के जीत के साथ ही भारतीय जनता पार्टी (बीजेपी) के अलग-अलग प्रतिष्ठानों पर हमला के बात सामने आ रहल बा। एकर आरोप टीएमसी कार्यकर्ता पर लगावाल जा रहल बा। एके लेके ममता बनर्जी अपने समर्थकन से शांति बनाए रखे के अपील कईले बानी।

ममता बनर्जी के कहाना बा की औपचारिक घोषणा के बाद निर्वाचन आयोग नंदीग्राम में नतीजा के कैसे पलट देले। एके लेके हम अदालत भी जाईब। साथ ही ममता बतईली कि शाम तकरीबन 7 बजे राज्यपाल से भेंट करीहें। उ कहली, ‘सर्वर 4 घंटे तक डाउन कहें रहे? हम जनादेश स्वीकार करल चाहत रहलीं, लेकिन अगर एक स्थान के परिणाम में गड़बड़ी बा त जवन प्रतीत हो रहल बा ओकरे सच्चाई का पता लगावे के बा।’

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments