Friday, May 3, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणपंजाब से सटल पाकिस्तान सीमा के पास 5 घुसपैठियन के बीएसएफ...

पंजाब से सटल पाकिस्तान सीमा के पास 5 घुसपैठियन के बीएसएफ कइलस ढेर

न्यूज़ डेस्क : दिल्ली

पंजाब में तरन तारन के खेमकरन में पाकिस्तान के पांच घुसपैठियन के बीएसएफ मार गिरइलस . बीएसएफ के सर्च ऑपरेशन अब तक जारी बा . जानकारी के अनुसार बीएसएफ के जवान ने कुछ संदिग्ध लोगन के सीमा के पास देखलस , जब उनके रोके के कोशिश करल गइल त उ लोग गोली चलावे लगने . जेकरा जवाब में बीएसएफ के जवान लोग भी गोली चलइने और 5 घुसपैठियन के मार गिराइलें . बताइल जात बा कि इनमें से एक के पास असॉल्ट राइफल भी मिलल बा . 

पकिस्तान सीमा पार से आतंकियन के लगातार भारत में भेजेला. सेना के मुस्तैदी के चलते आतंकी संगठनों के मंसूबन पर हर बार पानी फिर जाला . पिछले कुछ समय में जम्मू-कश्मीर में सुरक्षाबल आतंकी घुसपैठ की कई कोशिशन के नाकाम कर चुकल बा .

पंजाब में नशा के  कारोबार काफी बड़े पैमाने पर फैलल बा , राज्य के युवा पीढी एसे सबसे ज्यादा चपेट में बा . नशे की ज्यादातर खेप पड़ोसी मुल्क पाकिस्तान से आवेला . राज्य सरकार ए पर रोक लगावे के लिए काफी प्रयास कर रहल बिया लेकिन एकरा बावजूद नशे के सौदागर आपन काम करत बाने . बीएसएफ और पुलिस नशे के कारोबार के रोके खातिर अक्सर कार्रवाई करत रहेला .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments