Tuesday, May 21, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणगैंगस्टर विकास दुबे पर बनल फिल्म 'प्रकाश दुबे कानपुर वाला' के...

गैंगस्टर विकास दुबे पर बनल फिल्म ‘प्रकाश दुबे कानपुर वाला’ के ट्रेलर भइल जारी

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

गैंगस्टर विकास दुबे के जीवन पर एगो फिल्म जल्दी ही आवे वाला बिया जेकर नाम बा ‘प्रकाश दुबे कानपुर वाला’ , इ फिल्म गोल्डन बर्ड पिक्चर्स बनइले बा . एकर ट्रेलर भी जारी कर दिहल गइल बा . पुलिस एनकाउंटर में मारल गइल गैंगस्टर विकास दुबे के तरह दिखे वाला अभिनेता प्रमोद विक्रम सिंह फिल्म में प्रमुख भूमिका निभावत बाने .

फिल्म में विकास दुबे के स्टोरी के साथ-साथ एक और गैंगस्टर अमर दुबे के कहानी को भी दिखाइल गइल बा . फिल्म में अमर दुबे के किरदार के नाम समर बा और ट्रेलर में ओकर भी एक दमदार भूमिका दिख़त बा , अमर दुबे पर विकास आंख मूँद के भरोसा करत रहल . अमर के विकास का राइट हैंड समझत जात रहल . अमर निशाना लगावे में भी माहिर रहल . दिलचस्प बात इ बा कि ट्रेलर में नजर आवत बा कि अमर दुबे और विकास दुबे के हत्या होवत बा न कि उ दुनू कथित मुठभेड़ में मारल जात बाने . फिल्म के आकाश सिंह गहरवार निर्देशित कइले बाने . एसे पहिले, प्रसिद्ध फिल्म निर्माता हंसल मेहता कहले रहने कि उ गैंगस्टर के जीवन पर एक वेब सीरीज का निर्देशन करिहें .

पिछला महीने एसटीएफ अधिकारियन से भागे के चक्कर में भइल मुठभेड़ में गंभीर रूप से घायल होवे के बाद गैंगस्टर विकास दुबे दम तोड़ दिहले रहने . इ फिलिम उनकर जीवन के नाटकीय रूपांतर बा .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments