Wednesday, May 15, 2024
Homeराजनीतिअमेरिका-ताइवान के बीच होवे वाला आर्थिक वार्ता से चीन भइल नाराज

अमेरिका-ताइवान के बीच होवे वाला आर्थिक वार्ता से चीन भइल नाराज

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

अमेरिका के ताइवान के साथ होवे वाला आर्थिक वार्ता के लेकर चीन बहुत नाराज बा . चीन अमेरिका के आगाह करते हुए कहलस की यदि उ इ होवे वाला आर्थिक बैठक से पीछे ना हटी त दुनु देशन के ‘गंभीर नुकसान’ हो सकेला . अमेरिका-चीन आर्थिक बैठक में एगो वरिष्ठ अमेरिकी मंत्री के भाग लेवे के संभावना बा .

ताइवान के मीडिया में आईल खबरन में कहल गइल बा कि अमेरिका के आर्थिक वृद्धि, ऊर्जा और पर्यावरण उपमंत्री कीथ क्रैक ए सप्ताह ताइवान के यात्रा पर जा सकेलें. उहां उ ताइवान सरकार के साथ आर्थिक और वाणिज्यिक मुद्दन पर बात करिहें .

चीन के विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता वांग वेनबिन अमेरिका से ताइवान के साथ सभी तरह के आधिकारिक आदान-प्रदान रोके के आग्रह कइने . उ कहने कि यदि अमेरिका अइसन ना करी त, दुनु देशन के संबंध के ‘गंभीर क्षति’ पहुंच सकेला और एसे ताइवानी क्षेत्र में शांति और स्थिरता प्रभावित हो सकेला ..

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments