Monday, May 13, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणCISF के मिलल Covaxin बनाने वाली भारत बायोटेक के सुरक्षा के...

CISF के मिलल Covaxin बनाने वाली भारत बायोटेक के सुरक्षा के जिम्मा

भोजपुरी लाइव: नई दिल्ली

देश के प्रमुख covid-19 टीका निर्माताओं में से एक भारत बायोटेक (Bharat Biotech) के हैदराबाद परिसर के सुरक्षा का जिम्मा CISF कमांडो के सौंपल गइल बा । आज से CISF कमांडो के 64 जवान भारत बायोटेक प्लांट की सुरक्षा संभलिहें । तेलंगाना की राजधानी हैदराबाद के शमीरपेट क्षेत्र में जीनोम वैली स्थित कंपनी के पंजीकृत कार्यालय और संयंत्र की सुरक्षा अर्धसैनिक बल CISF के 64 सशस्त्र कर्मियन के एक टीम द्वारा करल जाई । केंद्रीय गृह मंत्रालय ने हाल ही में इ परिसर के सुरक्षा खातिर केंद्रीय औद्योगिक सुरक्षा बल (CISF) के तैनात करे के प्रस्ताव को मंजूरी दिहले रहल । एकरा बाद बल सर्वेक्षण कइले रहल ।


एक अधिकारी बतइने कि जब देश के चिकित्सा और स्वास्थ्य सुरक्षा सुनिश्चित करे के बात आवेला त इ एगो महत्वपूर्ण संगठन बा और इसे साफ रूप से कइ विरोधी तत्वों से आतंकवादी खतरा बा । CISF के उप महानिरीक्षक और मुख्य प्रवक्ता अनिल पांडेय बतइने कि बल के 14 जून के वहां की सुरक्षा खातिर तैनात करल जाइ । भारत बायोटेक covid-19 रोधी कोवैक्सीन टीके तैयार करेले । साल 2008 के मुंबई आतंकवादी हमले के बाद CISF के सार्वजनिक महत्व के निजी प्रतिष्ठानन के सुरक्षा मुहैया करावे के अनुमति मिलल रहल । CISF पुणे और मैसूर में इंफोसिस के परिसरन के अलावा नवी मुंबई में रिलायंस आईटी पार्क और उत्तराखंड के हरिद्वार में योग गुरु रामदेव के पतंजलि परिसर सहित देश भर में लगभग 10 अइसन इकाइयन के सुरक्षा करेले ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments