Saturday, May 18, 2024
Homeराजनीतिकाहें भइल LJP में बिखराव ? बगावत के कारण का बा...

काहें भइल LJP में बिखराव ? बगावत के कारण का बा ?

रामविलास पासवान के सांसद भाई पशुपति पारस के नेतृत्व में लोक जनशक्ति पार्टी (एलजेपी) के चार अन्य सांसदों ने रविवार को लोकसभा स्पीकर से रात 8:30 बजे बजे मुलाकात कर के उनके एगो पत्र दिहने कि पाशुपति पारस के चिराग पासवान के जगह एलजेपी संसदीय दल के नेता बनाइल जाए . सुबह पशुपति पारस आपन सांसदन के तरफ से पूरी स्थिति साफ करते हुए कहने कि एनडीए के गठबंधन बिहार में बहुत मजबूत बा . मुख्यमंत्री नीतिश कुमार बिहार में बहुत विकास के काम करत बाने . बिहार में विधानसभा चुनाव में नीतिश का विरोध करे के फैसला सही ना रहल .

सोमवार के दिन दिल्ली में लोक जनशक्ति पार्टी के अध्यक्ष और लोकसभा में एलजेपी संसदीय दल के नेता चिराग पासवान आपन पार्टी के सांसद और चाचा पशुपति पारस के घर मिले गइने लेकिन चिराग पासवान के लगभग 30 मिनट बाद घर में एंट्री मिलल . ऐसे मतलब साफ बा दुनू लोगिन के राजनीतिक रास्ते अब अलग होवे जात बा .

चिराग पासवान के खिलाफ पार्टी में इतनी बड़ी बगावत के पीछे कारण इ बताइल जात बा कि उ पिता रामविलास पासवान की मृत्यु के बाद से सारे फैसले खुद ही लेवे लगने. उ किसी भी सांसद या पार्टी के पदाधिकारी से कउनो राय ना लेवत रहने. बिहार विधानसभा चुनाव में पार्टी की करारी हार के बाद चिराग पासवान एलजेपी के कई नेताओं से दूरी बना लेले रहने . एतना ही ना उ सांसदों से भी बराबर ना मिलत रहने .

पार्टी सूत्रन के अनुसार पार्टी में किस के का जिम्मेदारी दिहल जाये और कौन नेता किस सीट से चुनाव लड़ी इहो सौरव पांडेय तय करत रहने. चिराग सिर्फ उन कर फैसला पर मुहर लगावत रहने .

एलजेपी सूत्रन के मानल जा त पशुपति पारस एलजेपी के राष्ट्रीय कार्यकारिणी के सभी सदस्यन से सम्पर्क करल शुरू कर दिहले बाने . चिराग पासवान राजनीति के कच्चे खिलाड़ी निकलने . उ आपन पिता रामविलास पासवान से राजनीति के इ गुर ना सीख पइने कि राजनीति में विरोधी से ज्यादा अपनों पर नजर रखे के चाहीं .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments