Thursday, May 2, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणसीएम योगी सौंप दिहले स्वास्थ्य विभाग के आपन सरकारी प्लेन

सीएम योगी सौंप दिहले स्वास्थ्य विभाग के आपन सरकारी प्लेन

न्यूज़ डेस्क : लखनऊ (रोहित बाजपेई )

सीएम योगी आपन सरकारी प्लेन स्वास्थ्य विभाग के एगो जरूरी काम खातिर दिहले बाने . मुख्यमंत्री के सरकारी प्लेन कोरोना वायरस के टेस्टिंग खातिर जरूरी ट्रू नेट मशीनों लावे खातिर गोवा जाई . प्रदेश में इ पहली बार ना होखत बा कि सरकारी प्लेन स्वास्थ्य उपकरणन के लावे खातिर प्रयोग करल जात बा .

मुख्यमंत्री योगी एसे पहले 1 जून 2020 के स्टेट प्लेन गोवा भेजले रहने , जहां से 21 मशीन प्रदेश में आईल रहली . लॉकडाउन के कारण जब ट्रेन चलना बंद हो गइल रहल ओ समय भी देश के दूसरे राज्यन से कोरोना के जांच किट प्रदेश में लावल एगो बड़ी समस्या बनल रहल . ओ समय भी मुख्यमंत्री 7 अप्रैल 2020 के अपना सरकारी जहाज बैंगलोर भेजले रहने और ऊहां से 150 ए स्टार फॉर्टिट्यूड किट-2.0 मंगवाइले रहने .

9 जून के ट्रूनेट मशीनन के एक खेप लेवे मुख्यमंत्री के सरकारी जहाज गोवा जाई . इ मशीन कोरोना जांच खातिर बेहद महत्वपूर्ण बा और मुख्यमंत्री फौरन इ मशीन उत्तर प्रदेश में लावे के आदेश दिहले बाने . समय बचावे खातिर और जल्दी स्वास्थ्य सेवा के बेहतर करे खातिर मुख्यमंत्री के सरकारी जहाज स्वास्थ्य विभाग के काम आवत बा . 

Image credit: wikipedia

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments