न्यूज़ डेस्क: नई दिल्ली
अमेरिका में अश्वेत नागरिक जॉर्ज फ्लॉयड के मौत के बाद शुरू भइल बवाल थमें के नाम ना लेता . बुधवार के कुछ शरारती लोग वॉशिंगटन डीसी में स्थित भारतीय दूतावास में महात्मा गांधी के प्रतिमा के नुकसान पहुंचइलें . सूत्रन के मुताबिक वॉशिंगटन पुलिस दोषी व्यक्तियन के खिलाफ जांच शुरू कर दिहले बिया. अमेरिकी सरकार इ मामला में भारत से खेद जतावले बिया .
भारतीय दूतावास , अमेरिका के सामने इ मुद्दा उठइलस . भारतीय दूतावास मेट्रोपोलियन पुलिस में शिकायत भी दर्ज करवइले बा . इ प्रतिमा पर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 30 सितंबर, 2014 के वॉशिंगटन डीसी में श्रद्धांजलि अर्पित कइले रहने .