Wednesday, May 8, 2024
Homeदिल्ली-NCRदेश में बनल 100 करोड़ कोरोना वैक्सीन लगावे के रिकार्ड

देश में बनल 100 करोड़ कोरोना वैक्सीन लगावे के रिकार्ड

भोजपुरी लाइव : नई दिल्ली

देश ने 21 अक्टूबर गुरुवार के टीकाकरण अभियान में एक बड़ी उपलब्धि हासिल कर लिहलस . भारत दुनिया का पहला अइसन देश बन गइल बा , जे आपन नागरिकन के 100 करोड़ से ज्यादा कोरोना रोधी टीके के डोज़ लगवले बा . भारत में टीकाकरण अभियान शुरू होवे के सिर्फ 9 महीना के अंदर ही इ उपलब्धि के हासिल कर लिहल गइल . 100 करोड़ के आंकड़ा पार होते ही प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहने कि भारत इतिहास रच दिहले बा . उ टीकाकरण के इस उपलब्धि के भारतीय विज्ञान, उद्यम और 130 करोड़ भारतीयों के सामूहिक भावना के जीत करार दिहने .

कोविड-19 वैक्सीनेशन के आंकड़ा 100 करोड़ के पार होवे पर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आज दिल्ली के राम मनोहर लोहिया अस्पताल पहुंचलें और उहा स्वास्थ्य कर्मियन से मुलाकात कइने . इ दौरान पीएम मोदी के एक तस्वीर वायरल हो गईल , जेमे उ स्वास्थ्य कर्मियन के Thumbs Up दे रहल बाने . इ दौरान पीएम मोदी आरएमएल अस्पताल में वैक्सीनेशन सेंटर पर स्वास्थ्य कर्मचारियन के साथ बातचीत भी कइने .

इ बड़ उपलब्धि पर केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री मनसुख मांडविया ट्वीट करके देश के बधाई दिहने . उ लिखने कि , ”बधाई हो भारत! दूरदर्शी प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी जी के समर्थ नेतृत्व का यह प्रतिफल है.” भारत दुनिया के पहला देश बन गइल बा जउन इतनी तेजी से एतना बड़ आंकड़े के छुवले बा .

मनसुख मांडविया लाल किले पर गीत और फिल्म जारी कइने . लाल किले पर देश के सबसे बड़ा खादी तिरंगा प्रदर्शित करल गइल बा , जेकर वजन करीब 1,400 किलोग्राम बा . इ तिरंगा की लंबाई 225 फुट और चौड़ाई 150 फुट बा .इहे तिरंगा दो अक्टूबर के गांधी जयंती पर लेह में फहराइल गइल रहल .

100 करोड़ का आंकड़ा पार करे पर विश्व स्वास्थ्य संगठन (डब्ल्यूएचओ) के महानिदेशक तेद्रोस अधानोम गेब्रेयेसस ट्वीट कइने , ‘‘प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, वैज्ञानिकों, स्वास्थ्यकर्मियों और भारत के लोगों को कोविड-19 से संवेदनशील आबादी की रक्षा करने और टीकों के समतामूलक वितरण के लक्ष्यों को प्राप्त करने के प्रयासों के लिए बधाई.’’

Image credit: Google

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments