Tuesday, April 30, 2024
Homeदिल्ली-NCR9 लोग मरलें ,562 लोग देशभर में कोरोना से संक्रमित बाने

9 लोग मरलें ,562 लोग देशभर में कोरोना से संक्रमित बाने

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

देश में कोरोनावायरस बहुत खतरनाक हो गइल बा। 500 से ज्यादा लोग एसे संक्रमित बाने। 14 दिन में संक्रमण से 9 लोगन के जान जा चुकल बा। महाराष्ट्र में एक और व्यक्ति की मौत हो गइल । एहा 63 वर्षीय इ गो बुढाऊ के रिपोर्ट पॉजिटिव आइल रहल । डॉक्टर बतइने कि उनके पहले से हाई ब्लडप्रेशर के बिमारी रहल। अब तक जिन 10 लोगन के जान गइल बा, उनमें से 7 के शुगर या ब्लडप्रेशर के परेशानी रहल।

देश में कोरोना वायरस के मामले बढ़कर 562 हो गइल बा, इनमें से 512 लोगन के इलाज चलत बा। इ आंकड़े स्वास्थ्य मंत्रालय जारी कइले बा ।

कोरोना महामारी के खतरे से देश के बचावे खातिर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी मंगलवार आधी रात से पूरे देश में 21 दिन यानी 14 अप्रैल तक लॉकडाउन की घोषणा क्र दिहले बाने । महज 72 घंटे के बाद राष्ट्र के नाम दूसरे संबोधन में प्रधानमंत्री कहलें कि , देश और नागरिकों के जीवन की रक्षा के खातिर सामाजिक दूरी के अलावा दूसरा कउनो उपाय नइखे । उ लोगन से आपन घरन के लक्ष्मण रेखा बनावे के अपील करते हुए कहने कि , जान बा त जहान बा। प्रधानमंत्री इ महामारी को देश के खातिर अग्निपरीक्षा बताते हुए एसे निपटे की तैयारियों खातिर 15,000 करोड़ रुपया के पैकेज के घोषणा भी कइने ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments