Tuesday, April 30, 2024
Homeदिल्ली-NCRकोरोना वायरस के चलते पूरा देश मंगलवार रात 12 बजे से...

कोरोना वायरस के चलते पूरा देश मंगलवार रात 12 बजे से 21 दिनों के लिए भइल लॉकडाउन

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

कोरोना महामारी के खतरे से देश के बचावे खातिर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी मंगलवार आधी रात से पूरे देश में 21 दिन यानी 14 अप्रैल तक लॉकडाउन की घोषणा क्र दिहले बाने । महज 72 घंटे के बाद राष्ट्र के नाम दूसरे संबोधन में प्रधानमंत्री कहलें कि , देश और नागरिकों के जीवन की रक्षा के खातिर सामाजिक दूरी के अलावा दूसरा कउनो उपाय नइखे । उ लोगन से आपन घरन के लक्ष्मण रेखा बनावे के अपील करते हुए कहने कि , जान बा त जहान बा। प्रधानमंत्री इ महामारी को देश के खातिर अग्निपरीक्षा बताते हुए एसे निपटे की तैयारियों खातिर 15,000 करोड़ रुपया के पैकेज देवे घोषणा भी कइने ।

बंद रही इ सब :

सरकारी और निजी दफ्तर
रेल, हवाई और रोडवेज , सभी पब्लिक ट्रांसपोर्ट
सार्वजनिक स्थान जैसे मॉल, हॉल, जिम, स्पा, स्पोर्ट्स क्लब , सभी रेस्टोरेंट, दुकानें बंद , जिम, होटल, मोटल, धार्मिक स्थल, सभी शिक्षण संस्थान ,
अंतिम संस्कार में 20 से ज्यादा लोगन के इजाजत ना मिली .
सभी फैक्ट्रियां, वर्कशॉप, गोदाम, साप्ताहिक बाजार

लॉकडाउन के दौरान ये दफ्तर और सेवा मिली :

सेना , केंद्रीय सशस्त्र पुलिस बल, डिजास्टर मैनेजमेंट,टेलीकाम . बिजली उत्पादन और ट्रांसमिशन यूनिट, पोस्ट ऑफिस, नेशनल इन्फॉर्मेटिक्स सेंटर,
सब्जी, राशन, दवा, फल की दुकान
बैंक, इंश्योरेंस दफ्तर और एटीएम
प्रिंट और इलेक्ट्रॉनिक मीडिया
इंटरनेट, ब्रॉडकास्ट और केबल सर्विस
ई-कॉमर्स के जरिए दवा
पेट्रोल पंप, एलपीजी पंप, गैस रिटेल
प्राइवेट सिक्टोरिटी सर्विस
अस्पताल, डिस्पेंसरी, क्लीनिक, नर्सिंग होम

पीएम मोदी कहने कि आवे वाले 21 दिन हम लोगिन खातिर बहुत जरूरी बा .दक्रण के मानल अजा त कोरोना वायरस के संक्रमण सायकिल तोड़ने खातिर कम से कम 21 दिन का समय बहुत चाहीं ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments