Tuesday, April 30, 2024
Homeअन्यकोरोना से भारत में भइल पहली मौत, अब तक 75 लोग...

कोरोना से भारत में भइल पहली मौत, अब तक 75 लोग संक्रमित

न्यूज़ डेस्क : दिल्ली
कोरोना वायरस एगो भयानक महामारी बन गइलबा । देश में  कोरोना वायरस से कर्नाटक में एक व्यक्ति के मौत हो गईल । भारत में कोरोना वायरस से मौत के इ  पहला मामला बा । यह मौत कर्नाटक के कलबुर्गी में  76 साल के एगो आदमी के भइल। उ  सऊदी अरब से लौटल रहल । देश में अब तक कोरोना वायरस से 75 लोग संक्रमित बाने ।

दिल्ली में कोरोना वायरस के 6 मामले, हरियाणा में 14, केरल में 17, राजस्थान में 3, तेलंगाना में एक, उत्तर प्रदेश 11, लद्दाख में तीन, तमिलनाडु में एक, जम्मू-कश्मीर में एक, पंजाब में एक, कर्नाटक में चार और महाराष्ट्र में 11 मामले सामने आ चुकल  बाने ।

दिल्ली और हरियाणा सरकार इ  बीमारी के महामारी घोषित कर दिहले बा। दिल्ली में 31 मार्च तक सभी सिनेमा हॉल, स्कूल-कॉलेज के बंद रखे  के आदेश दिहल गइल बा ।

सरकार  केंद्रीय स्तर पर 011-23978046 फोन नंबर पर हैल्पलाइन बनइले बिया। उहे दिल्ली सरकार  नंबर 011-22307145 के  हेल्पलाइन बनइले बिया । 15 राज्यों व केंद्र शासित प्रदेशों में भी हैल्प लाइन बनाईल गइल  बा । एमें  बिहार, गोवा, गुजरात, हिमाचल प्रदेश, झारखंड, कर्नाटक, पंजाब, सिक्किम, तेलंगाना, उत्तराखंड, दादर व नगर हवेली, दमन व दीव, लक्षद्वीप और पुडुचेरी खातिर  फोन नंबर 104 हैल्पलाइन बा । मेघालय में 108 और मिजोरम में 102 नंबर पर हेल्पलाइन बनाइल गइल  बा ।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहने कि सरकार हालात के लेकर पूरी तरह सतर्क बिया । उ लोगन से अपील कइने लोग कोरोना वायरस के  लेकर न घबराएँ और सावधानी बरतें। प्रधानमंत्री ट्विटर से दिहल आपन  संदेश में कहने  कि सरकार  पूरा देश में लोगन  की सुरक्षा खातिर कई कदम उठइले बिया ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments