Monday, April 29, 2024
Homeदिल्ली-NCRरविवार के देशभर में रही जनता कर्फ्यू: प्रधानमंत्री मोदी जनता से कइलें...

रविवार के देशभर में रही जनता कर्फ्यू: प्रधानमंत्री मोदी जनता से कइलें अपील

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

देश में कोरोना वायरस दूसरी स्टेज में पहुंच गइल बा , सरकार एके तीसरी स्टेज पर जाये से रोके खातिर हरसंभव कोशिश करत बिया ।गुरुवार शाम के खुद प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आम जनता से इ वायरस से बचे के अपील कइलें । उ कोरोना वायरस से निपटने खातिर देश के एकजुट करे खातिर आम जनता से उनकर जिंदगी के कुछ हफ्ता के वक्त मंगले , उहें देश की जनता से 22 मार्च के जनता कर्फ्यू के पालन करे के भी कहलें ।

प्रधानमंत्री लोगों के यात्रा के प्रति चेताते हुए कहलें कि लोग आपन स्वास्थ्य से खिलवाड़ करत बाने और अपने परिवार के भी खतरे में डालत बाने । मोदी के ट्विटर पर इ अपील तब आईल बा जब इस तरह के खबर आवत बा कि जिन बड़े शहरन में कोरोना वायरस फैलल बा , उहां से प्रवासी अपने घरों के लौटत बाने । उ कहने कि भीड़भाड़ वाले जगह पर यात्रा करे से इ बीमारी तेजी से फैले के खतरा बढ़ जाला ।

22 मार्च को लगे वाले जनता कर्फ्यू के साथे पीएम मोदी आम जनता से अपील कइले बाने कि आवश्यक सेवा देवे वाले जउन कर्मचारी खतरे के बीच लगातार काम करत बाने । उन्हें 22 मार्च को जनता कर्फ्यू के दिन शाम 5 बजे लोग अपना घरों के दरवाजे पर या गैलरी में खड़े होकर ताली या थाली बजाकर उनकर आभार जताएं और उनका हौसला भी बढ़ाएन ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments