Sunday, April 28, 2024
Homeदिल्ली-NCRAAP के निलंबित पार्षद ताहिर हुसैन के गिरफ्तार कइलस दिल्ली पुलिस

AAP के निलंबित पार्षद ताहिर हुसैन के गिरफ्तार कइलस दिल्ली पुलिस

न्यूज़ डेस्क नईदिल्ली :

उत्तर पूर्वी दिल्ली में हुई हिंसा के कई मामलन  में आरोपित आम आदमी पार्टी के निलंबित पार्षद के  दिल्ली पुलिस  एक सप्ताह के  कड़ी मशक्कत के बाद बृहस्पतिवार के बड़ा आसानी से गिरफ्तार कर लिहल । हैरानी तो इ बात के बा  कि ताहिर खुदे  टीवी न्यूज चैनल पर आपन  सरेंडर के  घोषणा कइलस  और लेकिन पुलिस ओके सरेंडर से पहिले  कोर्ट परिसर में बनी पार्किंग से गिरफ्तार कर लिहल । दरअसल, ताहिर हुसैन दिल्ली के  राऊज एवेन्यू कोर्ट में सरेंडर करे  के  तैयारी में रहल , लेकिन ओकरा  पहले ही एकर  एलान करके फँस गइल ।

इंटेलिजेंस  ब्यूरो के कॉन्स्टेबल अंकित शर्मा के  हत्या का मामला दयालपुर थाने में दर्ज करल गइल बा , जेकरा  बाद से ताहिर फरार रहल । ताहिर हुसैन के  मुश्किलें आवे  वाले समय में बढ़ सकेला , काहेंकि दिल्ली पुलिस ओ  पर धारा 307, 120 बी, 34 के तहत FIR दर्ज कइले  बा ।

 

इमेज क्रेडिट : सोशल मीडिया

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments