Saturday, April 27, 2024
Homeदिल्ली-NCRदेश में कोरोना वायरस से संक्रमित मरीजन के संख्या बढ़कर भइल 31

देश में कोरोना वायरस से संक्रमित मरीजन के संख्या बढ़कर भइल 31

न्यूज़ डेस्क: नई दिल्ली. 

देश में कोरोनावायरस से संक्रमित मरीजन  के  संख्या बढ़कर 31  हो गइल बा ।बुधवार के  इटली से लौटल  15 और लोगन में संक्रमण के  पुष्टि भइल । एसे पहले 3 मरीज फरवरी में मिलल रहलें । पेटीएम के गुड़गांव ऑफिस में काम करने वाला  एक कर्मचारी में संक्रमण मिलल । इ  कर्मचारी हाले  में इटली से लौटल रहल । गुड़गांव में पेटीएम के पीड़ित के  इलाजचलत बा  और ओके  साथियन  के हैल्थ चेकअप करावे  के  सलाह दीहल  गईल  बा । साथे , कंपनी  गुड़गांव यूनिट में काम करे वालन सभी कर्मचारियन के  अगला  कुछ दिन  तक घर से काम करे के कहलस बिया ।

संक्रमण के बढ़ते खतरा  के मद्देनजर सरकार 19 नई लैबोरेटरी शुरू कइले बिया ।  सरकार  अब सभी देशन  से आवे  वाली उड़ानन  और उनमें सवार यात्रियन के  एयरपोर्ट पर ही स्क्रीनिंग करी । इधर, कोरोनावायरस के खतरा  के चलत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी इ बार होली मिलन  ना करिहें ।

सभी सरकारी दफ्त्तरन में बायोमेट्रिक उपस्थिती पे  इ महीना रोक लगा दिहल गइल बा , दिल्ली के सभी  प्राइमरी स्कूल 31 तक बंद कर दिहल गइल बाने ।

स्वास्थ्य मंत्री डॉ. हर्षवर्धन कहलें  कि “सरकार की नागरिकों को यह सलाह है कि बड़े जमावड़े में जाने से बचें। किसी से हाथ मिलाने से बचें। हैंडशेक करें या पब्लिक प्लेस पर जाएं तो बाद में कम से कम 30 सेकंड तक हाथ जरूर धोएं। जिन लोगों को खांसी या जुकाम है, उनसे दूर रहने की कोशिश करें। घरों-दफ्तरों में डिसइन्फेक्टेंट का इस्तेमाल करें।”

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments