Sunday, May 5, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणकोरोना से देशभर में 19 लोग मरलें ,843 लोग संक्रमित , 66...

कोरोना से देशभर में 19 लोग मरलें ,843 लोग संक्रमित , 66 लोग भइने इलाज के बाद ठीक

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

स्वास्थ्य मंत्रालय के अनुसार भारत में कोरोना वायरस से 19 लोगन  के  मौत हो गइल बा । उहें  अबे  तक 834 मामला  सामने आइल बाने । एमे  से 748 लोगन  के इलाज चलत बा । 66 लोग ठीक हो गइल बाने ।

उहें स्वास्थ्य मंत्रालय के अनुसार शनिवार सुबह तक भारत में कुल 834 लोग कोरोना से संक्रमित  रहने । देश में सबसे ज्यादा मामला  महाराष्ट्र में आइल बा । उहाँ  मरीजन  के  संख्या 180 हो गइल बा । 25 लोग ठीक हो गइल बाने। 5 लोगन  की मौत हो गइल ।

देश में जे हिसाब से कोरोना संक्रमित मरीजन  के  संख्या बढ़त  बा , ओसे लागत बा  कि कहीं न कहीं विदेश से आवे  वाला लोगन  के  जांच में भारी लापरवाही भइल बा । कैबिनेट सेक्रेटरी राजीव गौबा भी  इ मनने कि  पिछले दो महीना  में विदेश से आइल  लोगन की संख्या और कोरोना के  जांच की संख्या में अंतर बा ।

दो महीना में 15 लाख लोग  विदेश से भारत आइल बाने । सब लोगन के कोरोना वायरस जांच ना भइल । कैबिनेट सेक्रेटरी राजीव गौबा  सब  राज्यन  के सचिवन  के  चिट्ठी लिखी कर विदेश से आइल लोगन  के  एक बार फिर से जांच करावे के निर्देश  दिहले बाने ।

दिल्ली से सटल नोएडा यूपी में कोरोना के  सबसे बड़ा केंद्र बनत जात  बा ।नोएडा की ऊंची-ऊंची बिल्डिंगन  में रहे वाला लोगन में कौन कोरोना  से पीड़ित बा केहू के नइखे मालूम । जैसे -जैसे  कोरोना से जुड़ल  मामला  सामने आवत बा  लोगन  में डर भी बढ़ल जात बा।

News source:www.mohfw.gov.in

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments