Sunday, April 28, 2024
Homeवीडियोचुनाव कवरेजTMC नेता के घर से मिलल EVM-वीवीपैट, चुनाव अधिकारी बवाल मचने परसस्पेंड

TMC नेता के घर से मिलल EVM-वीवीपैट, चुनाव अधिकारी बवाल मचने परसस्पेंड

पश्चिम बंगाल में तीसरे चरण के मतदान के बीच मंगलवार के उलुबेरिया में टीएमसी के एक नेता के घरे से इलेक्ट्रॉनिक वोटिंग मशीनें अउर वीवीपैट स्लिप मिलल। सेक्टर ऑफिसर तपन सरकार ईवीएम और वीवीपैट के लेके टीएमसी नेता के घर पर गयल रहले। मामला सामने अउले के बाद आयोग के ओर से सेक्टर ऑफिसर के सस्पेंड कर देबल गयल बा अउर ईवीएम मशीनों के मतदान के प्रक्रिया से बाहर कर देबल गयल बा। हावड़ा के उलुबेरिया उत्तर सीट के सेक्टर 17 के सेक्टर ऑफिसर के तौर पर तैनात तपन सरकार ईवीएम अउर वीवीपैट लेके अपने रिश्तेदार के घर चल गयल रहलें, जे टीएमसी के नेता भी बा।

जानकारी के मुताबिक रात में तपन सरकार टीएमसी नेता के घर पर ही सोवल रहलें। आयोग तपन सरकार के इ हरकत के दिशानिर्देशन के बड़ा उल्लंघन करार दले बा। मामला सामने अउले के बाद आयोग तत्काल प्रभाव से तपन सरकार के सस्पेंड कर देले बा अउर उनके एसे भी बड़ी सजा देबल जा सकेला। बता देहीं कि एसे पहिले 1 अप्रैल के पश्चिम बंगाल और असम में दूसरे चरण के मतदान के बाद भी विवाद छिड़ गयल रहे। दरअसल असम के करीमगंज में एक बीजेपी कैंडिडेट के कार में ईवीएम मिलल रहे, जेके मतदान के बाद स्ट्रॉन्गरूम ले जायल जात रहे। एकर वीडियो सामने अ के बाद आयोग चुनाव प्रक्रिया से जुड़ल उ 4 अफसरों के सस्पेंड कर देबल गयल बा, जे ओकर खातिर जिम्मेदार रहे।

बीजेपी कैंडिडेट टीएमसी पर लगईलें गड़बड़ी के आरोप

उलुबेरिया उत्तर सीट से बीजेपी कैंडिडेट टीएमसी के ओर से चुनाव में गड़बड़ी के आरोप लगईले बाने। बीजेपी उम्मीदवार चिरन बेरा कहले, ‘टीएमसी के बूथ प्रेसिडेंट गौतम घोष के घर से ईवीएम और वीवीपैट मिले हैं। गांव के कुछ लोगों ने टीएमसी नेता के घर के बाहर दो गाड़िया देखीं तो पूछताछ की। जब उन्हें यह पता चला कि टीएमसी नेता के घर सेक्टर ऑफिसर पहुंचे हैं तो उन्होंने मुझे जानकारी दी।’

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments