Sunday, April 28, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणदिल्ली में खुलल पहिला गार्बेज कैफे, प्लास्टिक वेस्ट दिहला पर मिली स्वादिष्ट...

दिल्ली में खुलल पहिला गार्बेज कैफे, प्लास्टिक वेस्ट दिहला पर मिली स्वादिष्ट खाना

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी प्लास्टिक के खिलाफ अभियान छेड़ रखले बाने। देश के कई राज्य एक तरफ जहां सिंगल यूज प्लास्टिक पर प्रतिबंध लगा दिहले बाने , वहीं दूसरी तरफ अब गार्बेज कैफे भी खोलल जात बाने।
राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली में सोमवार के नॉर्थ इंडिया के पहिला गार्बेज कैफे खुलल , जहां प्लास्टिक वेस्ट दे के स्वादिष्ट खाना आनंद लिहल जा सकला। दक्षिणी दिल्ली नगर निगम द्वारका के एक मॉल के साथ मिलके एकर पहल शुरू कईले बाने। यहां रिसाइकिल करे लायक प्लास्टिक कचरा देके अपने मनपसंद रेस्त्रां में मनपसंद खाना के आनंद लिहल जा सकल जाला।
दरअसल मॉल प्रबंधन दक्षिणी दिल्ली नगर निगम के साथ मिलके अपने यहां फूड कोर्ट में एह तरह के व्यवस्था कईले बाने कि जब कोई प्लास्टिक वेस्ट लेकर आएगा तो वजन के हिसाब से ओके कूपन दिहल जाई अउर कूपन के जरिए उ फूड कोर्ट पर अपने मनपसंद स्टॉल से भोजन प्राप्त कई सकी।
प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के अपील के बाद दक्षिण दिल्ली नगर निगम प्लास्टिक वेस्ट के खत्म कईले में जुटल बा। एही कड़ी के तहत नगर निगम द्वारका के सेक्टर 23 स्थित एक मॉल में पहला गार्बेज कैफे खोलल गईल बाने।

 

Image Credit-Social Media

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments