Sunday, May 12, 2024
Homeमनोरंजनभोजपुरी सिनेमापहिली भारतीय महिला बनली विदिशा बालियान

पहिली भारतीय महिला बनली विदिशा बालियान

उत्तर प्रदेश के मुजफ्फरनगर निवासी “विदिशा बालियान” जी #MissDeafWorld2019 टाइटल जीते वाली पहली भारतीय महिला बन गइलीं। ये ब्यूटी कॉन्टेस्ट साउथ अफ्रीका के बोमबेला में भईल । 22 जुलाई के विदिशा एह खिताब के जीत के भारतीय वासी लोगन के गर्व महसूस कईले के मौका दिहलीं अउर उ पहिली भारतीय महिला हई जे इ खिताब जीतल हवे । विदिशा एशियन एकेडमी ऑफ फिल्म एंड टेलिविजन के मॉडलिंग छात्रा हईं ।
एह कॉन्टेस्ट में 16 देश के 11 फाइनलिस्ट भाग लिहले । जहां विदिशा ने ओह्ह 10 लोगन के पछाड़ के इ खिताब अपने नाम कइलीं वहीं दूसरे नंबर पर साउथ अफ्रीका के प्रतियोगी रहली । श्रवण-बाधित विदिशा ने Miss Deaf World 2019 जीतले के कुछ फोटोज सोशल मीडिया पर शेयर कईले हईं । इन फोटोज में विदिशा के क्राउन पहिनावल जाट बा । एक फोटो शेयर करते हुए विदिशा लिखलीं कि -” यह खिताब जीतना तो बस सपनों की शुरूआत है। ऐसे बहुत से लोग हैं जो अपनी सुनने की क्षमता खो चुके हैं और बहुत टैलेंटिड हैं जिन्हें अवसर मिलने चाहिए।”
आप के एह उपलब्धि के खातिर हार्दिक बधाई। देश एवं प्रदेश के खातिर इ गर्व के क्षण हवे !

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments