Friday, May 17, 2024
Homeधर्म कर्मगणेश चतुर्थी आज, आज होइ गणेश जी के विधि विधान से पूजा

गणेश चतुर्थी आज, आज होइ गणेश जी के विधि विधान से पूजा

एकदंत लंबोदर विघ्नहर्ता श्रीगणेश के जन्मदिवस 2 सितंबर यानि आज बाने। देवता लोगन में अग्रपूज्य रिद्धि-सिद्धी दाता गजानन के कृपा हम सब लोगन पर बनल रहे, एहीसे भाद्रपद शुक्लपक्ष के गणेश चतुर्थी पर गणेश जी के झांकी लगावल जाला। विधि विधान से स्थापना कईल जाला विद्या अध्ययन के शुरुआत कईल जाला।
आयी आप लोगन के बतावल जा कब अउर कईसे कईल जाई गणेश जी के पूजा –

गणेश चतुर्थी के दिन में अपराह्न 3 बजके 15 मिनट से पहिले गणेश विग्रह के विधिवत स्थापना कई लिहल जा एकरे उपरांत भद्रा लग जायी जउन गणेश जी के स्थापना खातिर सही समय ना रही। भद्रा रात्रि 1 बजकर 53 मिनट तक रही .
दोपहर में अभिजित मुहूर्त गणेश पूजन खातिर सर्वश्रेष्ठ बाने | एकर समय 11 बजकर 5 मिनट से दोपहर 1 बजकर 36 मिनट तक रही . सपरिवार भगवान विनायक के विग्रह के षोडशोपचार से पूजन करी | मोदक के भोग लगायी अउर पट्टी-पुस्तक के पूजन करी तत्पश्चात् सौभाग्यवती माताएं हरितालिका व्रत अउर गणेश चतुर्थी के व्रत के पूर्ण करी।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments