Friday, May 3, 2024
Homeराजनीतिकुलभूषण जाधव के आज मिली कॉउन्सलर एक्सेस

कुलभूषण जाधव के आज मिली कॉउन्सलर एक्सेस

पाकिस्तान के जेल में बंद भारतीय नागरिक कुलभूषण जाधव के लेके आज बड़ा दिन बाने | विएना संधि के मुताबिक अउर अंतरराष्ट्रीय कोर्ट के पालन करते हुए आज पाकिस्तान कुलभूषण जाधव के कॉउन्सलर एक्सेस देई ,

पाकिस्तान के तरफ से पहिले भी एकर ऑफर दिहल गईल रहे लेकिन एहमे पाकिस्तान कुछ शर्त जोड़ दिहले रहे जेकर भारत विरोध कईले रहल । अब रविवार के पाकिस्तान विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता ने एक बार फिर कॉन्सुलर एक्सेस के जानकारी दिहले।
कुलभूषण जाधव के 2017 में पाकिस्तान के एक अदालत मौत के सज़ा सुनौले रहे लेकिन भारत एकरे खिलाफ अंतरराष्ट्रीय कोर्ट में अपील कईले रहल अउर भारत वहां पर केस जीत भी गईल रहे।अब लंबी लड़ाई के बाद पाकिस्तान कुलभूषण जाधव के अंतरराष्ट्रीय नियम के तहत कॉउन्सलर एक्सेस दे रहल बा। सोमवार दोपहर 12 बजे कुलभूषण जाधव के सिर्फ दो घंटा के खातिर एकर एक्सेस मिली।

पाकिस्तान में भारत के उपउच्चायुक्त गौरव अहलूवालिया आज कुलभूषण जाधव से मुलाकात करीहे।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments