Monday, May 20, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणगांगुली के हालत स्थिर, छह जनवरी के मिल सकेला अस्पताल से...

गांगुली के हालत स्थिर, छह जनवरी के मिल सकेला अस्पताल से छुट्टी

न्यूज़ डेस्क : कोलकाता

बीसीसीआई अध्यक्ष एवं भारतीय क्रिकेट टीम के पूर्व कप्तान सौरव गांगुली की हालत स्थिर बा, अस्पताल से मिलल जानकारी के मुताबिक उनके बुधवार के छुट्टी मिल सकेला .

वुडलेंड्स अस्पताल की एमडी एवं सीईओ रूपाली बसु बतइनी कि वरिष्ठ चिकित्सकन के नौ सदस्यीय बोर्ड , सोमवार के गांगुली के सेहत के बारे में चर्चा कइलस और ए पर सहमति बनल बा कि चूंकि उनकर हालत स्थिर बा एहिसे उनकर जो एंजियोप्लास्टी होवे वाला रहल जेके कुछ दिन खातिर टालल जा सकेला .

शनिवार के ‘हल्का’ दिल का दौरा पड़े के बाद 48 वर्षीय गांगुली के कोलकाता के एक निजी अस्पताल में भर्ती कराइल गइल रहल .एमडी एवं सीईओ रूपाली बसु बतइलेन कि गांगुली के उपचार करत चिकित्सक उनकी सेहत पर लगातार नजर रखिहें. मंगलवार के डॉ. देवी शेट्टी गांगुली से मुलाकात करिहें तथा आगे के उपचार के खातिर और बैठक भी करिहें . दिल का दौरा पड़े के बाद गांगुली के ह्रदय की एक प्रमुख धमनी में स्टेंट डालल गइल रहल .

एही बीच केंद्रीय वित्त राज्यमंत्री अनुराग ठाकुर गांगुली से मुलाकात करे पहुंचलें . उउम्मीद जताइने कि बीसीसीआई अध्यक्ष जल्द ही सामान्य जीवन में लौट अइहें . उ कहने कि, ‘‘दादा तो देश के नायक हैं. उ क्रिकेट में कई उतार-चढ़ाव देखले बाने और अपने विरोधियन के अनेक बार परास्त कइले बाने . इस बार भी उ अइसने करिहें .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments