Sunday, May 19, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणKBC में फिर भईल बिहार के नाम रोशन

KBC में फिर भईल बिहार के नाम रोशन

चर्चित टीवी शो कौन बनेगा करोड़पति में बिहार के जलवा कायम कायम बा। साल 2019 के सीजन में बिहार से दूसरे शख्स करोड़पति बनले के गौरव हासिल भईल बा। कौन बनेगा करोड़पति में मधुबनी के गौतम कुमार झा अपनी प्रतिभा के लोहा मनवाते हुए 1 करोड़ रुपए जीतले। गौतम बिहार के मधुबनी जिले के अंधराठाढ़ी प्रखंड स्थित गंगद्वार गांव के रहे वाला हवे। मधुबनी में जश्न के माहौल बा।
गौतम के पिता अरविंद कुमार झा मधुबनी में वरिष्ठ वकील हवे। उनके अपने बेटा के सफलता पर गर्व होत बा। अरविंद कुमार झा के कहनाम बा कि उनकर बेटा अपने प्रतिभा के बदौलत ना सिर्फ मधुबनी बल्कि पूरे बिहार के मान-सम्मान बढ़ौले। गौतम मधुबनी के रामकृष्ण महाविद्यालय से इंटरमीडिएट के पढ़ाई कइला के बाद देहरादून अउर आईआईटी धनबाद से इंजीनियरिंग के पढ़ाई पूरा करे वाले गौतम कुमार झा पेशे से रेलवे में इंजीनियर हवे।

Image Credit- Social Media .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments