Saturday, May 18, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणसहरसा के रेल रनिंग रूम में कचरा से खाद तैयार करे वाला...

सहरसा के रेल रनिंग रूम में कचरा से खाद तैयार करे वाला मशीन रेलवे लगौले

सहरसा के अलावा समस्तीपुर, दरभंगा अउर जयनगर में भी ऑटोमेटिक कम्पोस्ट मशीन लगावल गईल बा। रक्सौल में एही सप्ताह इ मशीन लगावल जाई । रेलवे इ मशीन के जरिए कचरा निस्तारण के साथ-साथ तैयार खाद के बेचके आपन आमदनी बढ़ाई । समस्तीपुर मंडल के इएनएचएम राजीव कुमार सिंह कहले कि सहरसा, समस्तीपुर, दरभंगा, जयनगर अउर रक्सौल स्टेशन पर ऑटोमेटिक कम्पोस्ट मशीन लगौला पर 20 लाख से अधिक राशि खर्च आयिल बा । एही सप्ताह अब रक्सौल में भी ई मशीन लगावल जाई। ऑटोमेटिक कम्पोस्ट मशीन में गीला कचरा के डालकर 24 घंटे तक रिसायकिल करते पांचों स्टेशन पर 25-25 किलो खाद तैयार कईल जाई। ओह खाद के रेलवे सात रुपये प्रति किलो के दर से लोगन के बेची।

Image Credit- Social Media .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments