Monday, May 6, 2024
Homeकृषि एवं पशु धनकिसान भाई के खातिर अच्छी खबर:DAP खाद के बोरी 2400 के जगह...

किसान भाई के खातिर अच्छी खबर:DAP खाद के बोरी 2400 के जगह 1200 रु. में मिली

केंद्र सरकार बुधवार शाम के किसानों के लिए एक अच्छी खबर लेके आईल। सरकार DAP फर्टिलाइजर पर सब्सिडी 140% बढ़ा देले बा। यानि अब किसान के प्रति बोरी 500 रुपए के जगह 1200 रुपये के सब्सिडी मिली। अब किसान के 2,400 रुपए प्रति बोरी के जगह 1200 रुपए कीमत देबे के होई।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के अध्यक्षता में बुधवार के भईल हाईलेवल मीटिंग में ई फैसला लेबल गयल। PM कहले कि अंतरराष्ट्रीय बाजार में वृद्धि के बावजूद किसानन के पुरानी दर पर ही खाद मिली। केंद्र सरकार एकरे लिए सब्सिडी पर 14,775 करोड़ रुपए अतिरिक्त खर्च करी। ऐसे पाहिले प्रति बोरी सब्सिडी के राशि कभी भी एक बार में इतना ज्यादा ना बढ़ावल गईल रहे।

मीटिंग में इ बात पर चर्चा भईल कि अंतरराष्ट्रीय स्तर पर फॉस्फोरिक एसिड, अमोनिया आदि के बढ़त कीमत के कारण खाद के कीमत में वृद्धि हो रहल बा। प्रधानमंत्री जोर देकर कहले कि अंतरराष्ट्रीय कीमत में बढ़ोतरी के बावजूद किसान के पुरानी दर पर ही खाद मुहैया करावे के निर्णय लेबल जाई।

राहुल गांधी कीमतों में वृद्धि के लेके ट्वीट कईले रहलें
कांग्रेस सांसद राहुल गांधी आज सुबह ही एक खबर के साथ DAP के कीमत में बढ़ोतरी के लेके केंद्र सरकार पर हमला कईले रहलें। उ ट्वीट में लिखलें कि
केंद्र सरकार ने क्या बढ़ाया? : GST व पेट्रोल डीजल खाद के दाम, मोदी मित्रों की आय, अन्नदाता पर महामारी में भी अत्याचार।
केंद्र सरकार ने घटाया क्या? : कृषि सब्सिडी, किसान की आय और केंद्र सरकार की गरिमा

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments