Saturday, May 18, 2024
Homeव्यापारदो दिन बाद नदी से मिलल कैफे कॉफी डे के फाउंडर वीजी...

दो दिन बाद नदी से मिलल कैफे कॉफी डे के फाउंडर वीजी सिद्धार्थ के शव

देश के सबसे बड़ी कॉफी चेन कैफे कॉफी डे के फाउंडर अउर कर्नाटक के पूर्व मुख्यमंत्री एसएम कृष्णा के दामाद वीजी सिद्धार्थ के शव बुधवार के सुबह मेंगलुरु के नेत्रावती नदी से मिल गइल । मेंगलुरु के विधायक यूटी खादर के मुताबिक, सिद्धार्थ के दोस्त लोगन अउर रिश्तेदार शव के शिनाख्त कई लिहले बाने | सोमवार रात उनके लापता भईला के बाद 25 तैराकन समेत 200 लोग सर्च ऑपरेशन में जुटल रहले ।

27 जुलाई के लिखल सिद्धार्थ के एगो पत्र सामने आयिल | जेहमे उ इक्विटी पार्टनर अउर कर्जदाता के दबाव के जिक्र कईले बाने । उ लिखले कि हम बतौर व्यवसायी नाकाम रहली। पुलिस पूछताछ में उनके ड्राइवर बतौले कि सिद्धार्थ उलाल शहर में स्थित पुल तक घूमे के खातिर आयिल रहले । ओहा उ कार रुकवउले अउर पैदल ही निकल गईले । हम(उनकर ड्राइवर) उनके इंतजार करत रहली । 90 मिनट तक वापस नाहीं अईले तब पुलिस के सुचना दे दिहले |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments