Sunday, May 5, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणआख़िरकार पास हो गईल तीन तलाक बिल

आख़िरकार पास हो गईल तीन तलाक बिल

मुस्लिम महिला लोगन के तीन तलाक से निजात दिलावे के वादे के मोदी सरकार आखिरकार पूरा कई दिहले बाने | तीन तलाक बिल 2019 (महिला अधिकार संरक्षण कानून) पर संसद के दुनो सदन के मुहर लग चुकल बा | अब राष्ट्रपति के मुहर लगते ही यह कानून प्रभावी हो जाई | एकरे बाद एक समय में अपनी पत्नी के तलाक-तलाक-तलाक कहल दण्डनीय अपराध मानल जाई अउर आरोपी के तीन साल तक कैद अउर जुर्माना भुगतके के पड़ सकेला |
अब बस राष्ट्रपति के मुहर लगला के बाद से ही इ कानून प्रभावी हो जाई |
तीन तलाक दिहला पर एकर हो सकेला प्रावधान –

2. तीन तलाक दिहला पर पत्नी स्वयं या पत्नी के करीबी रिश्तेदार ही एह बारे में केस दर्ज करा सकिहे |

3. महिला अधिकार संरक्षण कानून 2019 बिल के मुताबिक एक समय में तीन तलाक दिहल अपराध रही | इसीलिए पुलिस बिना वारंट के तीन तलाक देने वाले आरोपी पति के गिरफ्तार कई सकले |

4. एक समय में तीन तलाक दिहला पर पति के तीन साल तक कैद अउर जुर्माना दुनो हो सकेला | मजिस्ट्रेट कोर्ट से ही ओके जमानत मिली |

5. मजिस्ट्रेट बिना पीड़ित महिला के पक्ष सुने बगैर तीन तलाक देवे वाले पति के जमानत नाही दे पईहे|

6. तीन तलाक दिहला पर पत्नी अउर बच्चा के भरण पोषण के खर्च मजिस्ट्रेट तय करीहे , जउन पति केदेवे के होइ |

7. तीन तलाक पर बनल कानून में छोटे बच्चे के निगरानी व रखावाली मां के पास रही |

8. नए कानून में समझौते के विकल्प के भी राखल गईल बा | हालांकि पत्नी के पहल पर ही समझौता हो सकेला , लेकिन मजिस्ट्रेट के उचित शर्त पर ही होइ |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments