Saturday, May 18, 2024
Homeराजनीतिआज नागरिकता कानून पर सुप्रीम कोर्ट में होइ सुनवाई

आज नागरिकता कानून पर सुप्रीम कोर्ट में होइ सुनवाई

नागरिकता संशोधन कानून यानी CAA के लेके सुप्रीम कोर्ट में आज 144 याचिका पर सुनवाई के सूची में बाने। ज़्यादातर याचिका में CAA के विरोध कईल गईल बाने 17 दिसंबर के भईल पिछली सुनवाई में कोर्ट कानून पर रोक लगवले से मना कईले। कोर्ट सरकार से याचिका पर जवाब मांगते हुए कहले कि जनवरी में मामले के विस्तार से सुनवाई होइ। ओकरे बाद ही कउनो आदेश दिहल जाई।

आज एह मामले में चीफ जस्टिस एस ए बोबड़े, एस अब्दुल नज़ीर अउर संजीव खन्ना के सामने जउन याचिका सुनवाई के खातिर लागल बाने , ओहमे असम प्रदेश कांग्रेस, सीपीएम, कांग्रेस नेता जयराम रमेश, AIMIM सांसद असदुद्दीन ओवैसी, तृणमूल कांग्रेस नेता महुआ मोइत्रा, आरजेडी नेता मनोज झा, इंडियन यूनियन मुस्लिम लीग, जमीयत उलेमा ए हिंद के याचिका शामिल बाने। एकरे अलावा केरल सरकार भी याचिका दाखिल कईले बा ओह पर भी आज सुनवाई हो सकला।

 

News Source- Social Media

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments